Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Alert! आज से बंद हो गइल ई सेविंग अकाउंट, कहीं राउरो तऽ नइखे एह लिस्ट में नांव

162

PNB Account Alert जदि रउवो बैंक में सेविंग अकाउंट बा तऽ ई खबर रउआ खातिर बा। 1 जुलाई 2024 से कई गो सेविंग अकाउंट बंद होखे वाला बा। जी हऽ देश के सरकारी बैंक एकर जानकारी पिछला महीना ग्राहकन के दे देले रहे। आई एह आर्टिकल में जानल जाव कि आखिर बैंक कवना सेविंग अकाउंट के बंद कर रहल बा आ काहें।

जदि राउर भा फेर कवनो फैमिली मेंबर के सेविंग अकाउंट पंजाब नेशनल बैंक (PNB) में बा तऽ ई खबर रउआ खातिर बा। देश के दूसरका सबसे बड़का सरकारी बैंक जून में सब कस्टमर के अहम जानकारी देले रहे। बैंक बतवलस रहे कि उऽ 1 जुलाई से कुछ खास सेविंग अकाउंट (Saving Account) के बंद कऽ दिही। आज 1 जुलाई हऽ माने आज कई गो पीएनबी सेविंग अकाउंट बंद हो जइहें।

कवन सेविंग अकाउंट होई बंद

बैंक बतवलस कि कई गो सेविंग्स अकाउंट्स में बहुत समय से कवनो ट्रांजेक्शन नइखे भइल। अइसे में बैंक उऽ अकाउंट्स के बंद कऽ देलस जवन पिछला 3 साल से एक्टिव नइखे। एकर माने बा कि बैंक उऽ बैंक अकाउंट के बंद कऽ देले बा जवना में या तऽ जीरो बैंलेंस बा या फिर तीन साल से कवनो ट्रांजेक्शन नइखे भइल।

बैंक सिक्योरिटी रिस्क से बचे खातिर ई फैसला लेले बा। कई बेर जालसाज एही तरे के अकाउंट के इस्तेमाल फ्रॉड खातिर कइल जाला। अइसे में बैंकिंग फ्रॉड के कम करे खातिर पीएनबी ई कदम उठवले बा।

ई अकाउंट्स ना होई बंद

बैंक साफ कइले बा कि उऽ सेविंग अकाउंट जवन कवनो डीमैट अकाउंट (Demat Account), लॉकर्स से लिंक बा ओकरा के बंद ना कइल जाई। एकरा अलावा स्टूडेंट्स आ माइनर के अकाउंटो बंद ना होई। सरकारी योजना जइसे PMJJBY, PMSBY, SSY, APY भा डायरेक्ट बेनिफिट ट्रांसफर स्कीम खातिर जवन अकाउंट ओपन भइल रहे उहो अकाउंट एक्टिव रही। जदि कवनो सेविंग अकाउंट के कोर्ट, टैक्स विभाग भा कवनो अथोरिटी फ्रीज कइले बा तऽ ओकरो के बंद ना कइल जाई।

अकाउंट एक्टिव खातिर का करे के पड़ी?

जदि राउर सेविंग अकाउंट बंद हो जाता तऽ आ ओकरा के दोबारा एक्टिव करवावल चाहऽ तानी तऽ रउआ के जतना जलदी हो सके अपना बैंक ब्रांच में जाए के होई। इहाँ रउआ बैंक अकाउंट के केवाईसी (KYC) करवावे के होई आ केवाईसी से जुड़ल डॉक्यूमेंट जमा करवावे के होई।

केवाईसी खातिर अकाउंटगहोल्डर के आईडी प्रूफ जइसन पैन कार्ड, आधार कार्ड, पासपोर्ट भा ड्राइविंग लाइसेंस देवे के होई। एकरा अलावा एड्रेस प्रुफ के डॉक्यूमेंट के कॉपीयो देवे के होई।

879010cookie-checkAlert! आज से बंद हो गइल ई सेविंग अकाउंट, कहीं राउरो तऽ नइखे एह लिस्ट में नांव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.