ट्विटर CEO पद से इस्तीफा दीहें एलन मस्क, बतवलें कंपनी में का होई उनकर भविष्य

Share

अरबपति कारोबारी एलन मस्क ट्विटर के ले के अब एगो अउर बड़ घोषणा कइलें। ऊ कहनें कि जल्दिए ऊ ट्विटर सीईओ पद से इस्तीफा दे दीहें। ऊ ट्वीट कs के कहलें कि जइसही उनके ई नौकरी करे वाला कौनो बेवकूफ व्यक्ति मिल जाई, ओइसही ऊ सीईओ के पद से इस्तीफा दे दीहें।
दरअसल, मस्क ई फैसला हालही में करावल गइल एगो ट्विटर पोल के बाद लिहले बानें। ऊ ट्विटर पोल कर लोग से पूछले कि का उनके कंपनी के सीईओ पद से इस्तीफा दे देहल चाही। एह पोल में 57.5 प्रतिशत लोग मस्क के इस्तीफा के पक्ष में वोट कइले बानें।
1.75 करोड़ से ज्यादा लोग कइले रहनें वोट
एलन मस्क ई ट्विटर पोल 19 दिसंबर के आयोजित कइले रहनें अउर कहले रहनें कि पोल के जौन नतीजा होई ओकर ऊ पालन करिहें। एह पोल पर 17,502,391 लोग वोट कइल, जेमें 57.5 प्रतिशत लोग मस्क के इस्तीफा के पक्ष में रहनें, त 42.5 प्रतिशत लोग के कहनाम रहल कि उनके ट्विटर सीईओ पद पर बनल रहे के चाहीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-