मस्क के सर्वे में ट्विटर प्रमुख पद छोड़े के सलाह मिलल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2022

ट्विटर के सीईओ एलन मस्क माइक्रोब्लॉगिंग साइट पs एगो सर्वे करवलें। जेमे ऊ अपना इस्तीफा के लेके लोगन से सुझाव मंगलें। एमे ज्यादतर लोग मस्क के ट्विटर छोड़े के पक्ष में मत दिहल। मस्क अपना

Share

ट्विटर के सीईओ एलन मस्क माइक्रोब्लॉगिंग साइट पs एगो सर्वे करवलें। जेमे ऊ अपना इस्तीफा के लेके लोगन से सुझाव मंगलें। एमे ज्यादतर लोग मस्क के ट्विटर छोड़े के पक्ष में मत दिहल।

मस्क अपना 12.2 करोड़ फॉलोवर्स से सर्वे में भाग लेवे के अपील करत ट्वीट कइलें, का हमरा ट्विटर के सीईओ पद से  इस्तीफा दे देवे के चाहीं। ऊ सर्वे के परिणामन के पालन करे के वादा कइलें। ओहिजा, एगो आउर ट्विट में ऊ लोगन से वोट करत घरी स्तर्क रहे के अपील कइलें। ट्विटर प्रमुख के एह ट्विट के 16 घंटा के भीतरे एक करोड़ 75 लाख से जादे लोग वोट कs दिहल। एमे 57.3 लोग इस्तीफा के पक्ष में जबकि 42.5 फीसदी लोग ना के पक्ष में वोट कइल।

सर्वे में भविष्य में बदलाव:

मस्क ट्विटर पs इहो घोषणा कइलें हs कि भविष्य में नीतिगत बदलावन खातिरो सर्वे करावल जाई। बीबीसी के अनुसार, ट्विटर के कहनाम बा कि ऊ अइसन अकाउंट के बंद कs दी जवन खाली आउर सोशल मीडिया प्लेटफार्म के बढ़ावा देवे खातिर बनावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.