2025 में नाहीं अब एs साल रिलीज होई अक्षय कुमार के हॉरर कॉमेडी, नया पोस्टर से खुलल राज

Share

अक्षय कुमार के आवे वाली हॉरर-कॉमेडी फिल्म ‘भूत बंगला’ के रिलीज डेट बदल दिहल गइल बा जवना के शूटिंग ऊ प्रियदर्शन के साथे 14 साल बाद करे जा रहल बाड़न.  फिल्म के पहिला बेहतरीन पोस्टर फिल्म के उत्साह के दुगुना कs देले रहे। अब हास्य आ डर से भरल एह फिलिम के निर्माता ‘भूत बंगला’ के एगो अउरी नया रोचक पोस्टर शेयर कइले बाड़न. इहो एलान भइल बा कि ऊ लोग एह फिलिम के शूटिंग शुरू कs दिहले बा बाकिर ई फिलिम 2025 में ना बलुक 2026 में रिलीज होखी.

‘भूत बंगला’ 2 अप्रैल 2026 के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा. अक्षय कुमार आ प्रियदर्शन 14 साल बाद फेर एक संगे आ रहल बाड़े।  एकरा से पहिले दुनु जने ‘हेरा फेरी’ आ ‘भूल भुलईया’ जइसन हिट फिलिमन में मिलजुल के काम कइले बाड़न. अपना इंस्टाग्राम पs अक्षय कुमार एs पोस्टर के रिलीज डेट के संगे दु भाषा में शेयर कईले बाड़े।  अपना पोस्ट में उ लिखले कि, ‘आज से हमार हॉरर कॉमेडी #BhootBungla के शूटिंग शुरू करे खातीर अपना पसंदीदा @priyadarshan.official के संगे सेट पs होखे खातीर बेहद उत्साहित बानी।’ डर आ हँसी के ई दुगुना खुराक रउरा 2 अप्रैल 2026 के सिनेमाघरन में मिल जाई.

भूत बंगला के बारे में बतावल गइल बा

प्रियदर्शन के निर्देशन में बनल ‘भूत बंगला’ के निर्माण शोभा कपूर, एकता कपूर आ अक्षय कुमार के प्रोडक्शन हाउस केप ऑफ गुड फिल्म्स करत बिया.  एह फिलिम के सह-निर्माण फरा शेख आ वेदांत बाली करत बाड़े.  कहानी आकाश ए कौशिक के लिखल बा आ स्क्रीनप्ले रोहन शंकर, अभिलाष नायर आ प्रियदर्शन के लिखल बा.  संवाद रोहन शंकर के तइयार कइल गइल बा.

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-