Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली दिवाली से पहिले बनल गैस चेंबर, कई इलाकन में AQI पहुंचल 400 के पार, हवा में घुलल ‘जहर’

30

 

 

दिल्ली में बुध के दिने वायु प्रदूषण अउरी बढ़ गइल बा. जहरीला हवा पूरा दिल्ली के ढंक लेले बिया। दिल्ली अब पूरा तरह से गैस चैम्बर में बदल गईल बा। राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली के कई इलाका में वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) 400 पार कs चुकल बा। बुध के सबेरे जहांगीरपुरी में 414, आनंद विहार में 403 अवुरी नजफगढ़ में 400 एक्यूआई दर्ज भईल। 400 या एकरा से अधिका के एक्यूआई के गंभीर मानल जाला। मतलब कि दिल्ली के कई इलाका में वायु प्रदूषण गंभीर श्रेणी में पहुंच गईल बा।  एकरा संगे दिल्ली के अधिकांश इलाका में एक्यूआई 300 के पार कs गईल बा। कई जगहा एक्यूआई 350 से ऊपर दर्ज हो रहल बा।

दिल्ली में आजु सबेरे भी धुंध के मोट चादर छाइल बा।  केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड (सीपीसीबी) के मुताबिक दिल्ली के समग्र हवा के गुणवत्ता सूचकांक 349 दर्ज भईल। जबकि मंगल के दिने ई 318 पs रहुवे. जबकि सोमार के दिने 310 पs रहुवे. एकरा से रउआ अंदाजा लगा सकेनी कि दिल्ली में प्रदूषण के स्तर लगातार बढ़ रहल बा।

दिल्ली-एनसीआर के एयर क्वालिटी इंडेक्स

आनंद विहार- 403

अशोक विहार- 358

बवाना- 388

द्वारका- 360

जहांगीरपुरी- 414

अलीपुर- 366

मंदिर मार्ग-348

मुंडका- 370

नजफगढ़- 400

नरेला- 354

ओखला- 340

पंजाबी बाग- 364

आरके पुरम- 347

शादीपुर- 318

सोनिया विहार- 383

गाजीपुर- 381

नोएडा-297

गुरुग्राम-252

गाजियाबाद-371

अब दिल्ली में मेट्रो आ बस से अधिका यात्रा करीहें

दिल्ली में बढ़त प्रदूषण के देखत दिल्ली सरकार अलग-अलग जगह पs पानी छिड़के खातीर कर्मी के संख्या में 6000 के बढ़ोतरी कईले बिया। आजु से मेट्रो 40 गो अउरी यात्रा करी. अब खाली डीटीसी बस अधिका चल जाई. दिल्ली सरकार भी पड़ोसी राज्यन के चिट्ठी लिख के अपील कइले बिया कि ग्रेप के नियम एनसीआर में लागू होखे के चाहीं.

मंगल के भी दिल्ली में खराब स्थिति रहे

एकरा से पहिले मंगल के सबेरे दिल्ली में धुंध के मोट चादर रहे अवुरी शहर के हवा के गुणवत्ता अवुरी खराब होके बहुत खराब श्रेणी में आ गईल। मुंडका, बवाना, वजीरपुर, जहांगीरपुरी, आनंद विहार, अलीपुर, अशोक विहार, आया नगर, बुराड़ी, द्वारका, मंदिर मार्ग समेत कई इलाका में हवा के गुणवत्ता बहुत खराब श्रेणी में दर्ज हो रहल बा।

बता दीं कि शून्य से 50 के बीच के एक्यूआई बढ़िया, 51 से 100 संतोषजनक, 101 से 200 मध्यम, 201 से 300 खराब, 301 से 400 बहुत खराब अवुरी 401 से 500 के गंभीर मानल जाला।

 

 

 

994990cookie-checkदिल्ली दिवाली से पहिले बनल गैस चेंबर, कई इलाकन में AQI पहुंचल 400 के पार, हवा में घुलल ‘जहर’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.