गजब हो गइल! बस 3 मिनट, एह एयरपोर्ट पs गले लगले के टाइम भइल फिक्स

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 23, 2024

  अक्सर अइसन तब होला जब हमनी का अपना परिवार के सदस्य, रिश्तेदार भा दोस्तन के छोड़े खातिर रेलवे स्टेशन भा हवाई अड्डा पर जानी जा. एह दौरान ऊ ओह लोग से बतियावेला, भावुक हो

Share

 

अक्सर अइसन तब होला जब हमनी का अपना परिवार के सदस्य, रिश्तेदार भा दोस्तन के छोड़े खातिर रेलवे स्टेशन भा हवाई अड्डा पर जानी जा. एह दौरान ऊ ओह लोग से बतियावेला, भावुक हो जाला आ कई बेर ओह लोग के गले लगा के विदाई लेला. हवाई अड्डा पs एकरा के ड्रॉप ऑफ जोन कहल जाला। लेकिन, अब रउआ इ जान के हैरान होखब कि जदी आप ड्रॉप-ऑफ जोन में 3 मिनट से जादे समय ले आपन परिवार चाहे दोस्त के गले लगावेनी, तs एकरा बदला आपके समस्या बढ़ सकता।

गले मिलला के समय तय कइल गईल बा

न्यूजीलैंड के डुनेडिन इंटरनेशनल एयरपोर्ट आपन अनोखा नियम के चलते चर्चा में आ गईल बा। एयरपोर्ट अथॉरिटी ड्रॉप ऑफ एरिया में अपना परिवार भा दोस्त के छोड़े आवे वाला लोग खातिर अइसन नियमों बनवले बा जवना से नया बहस शुरू हो गइल बा. एह हवाई अड्डा पs रवाना होखे के समय सीमा तय कइल गइल बा यानी कि रउरा परिवार भा दोस्तन के अलविदा कहे के. इहाँ गले मिलला के समय अधिकतम 3 मिनट राखल गइल बा। हवाई अड्डा के ड्रॉप ऑफ जोन पs एगो बोर्ड पs लिखल बा कि, “अधिकतम गले लगावे के समय 3 मिनट, कृपया भावुक विदाई खातीर कर्मी कार पार्क के इस्तेमाल करीं।”

एकरा चलते फैसला लिहल गईल

एयरपोर्ट के सीईओ डी बोनो एह पूरा अभ्यास के बारे में कहले कि हवाई अड्डा पs नियम लागू करे खातिर कवनो पुलिस कार्रवाई ना कइल जाई. नियम लागू करे खातिर यात्रियन के विनम्रता से बाहर निकले आ कार पार्क में समय बितावे के कहल जाई। उs कहले कि एयरपोर्ट पs भीड़ कम करे खातीर इs फैसला लिहल गईल बा। हवाई अड्डा पs पार्किंग क्षेत्र में लोग के 15 मिनट के फ्री दौरा के अनुमति बा।

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.