Fuel Surcharge : होर्मुज संकट आ बढ़त जेट ईंधन के दाम के बीच टाटा समूह के एयरलाइन एअर इंडिया अब अपना घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय उड़ान पs फ्यूल सरचार्ज बढ़ा देले बा। एह फैसला के सीधा असर यात्रियन के जेब पs पड़े वाला बा।
एअर इंडिया घोषणा कइले बा कि घरेलू फ्लाइट खातिर अब 299 रुपिया से लेके 899 रुपिया तक फ्यूल सरचार्ज लगाई। जबकि अंतरराष्ट्रीय उड़ान खातिर ई 24 डॉलर से 280 डॉलर तक हो सकेला। नया दर 8 अप्रिल से लागू हो गइल बा। ई नियम एअर इंडिया एक्सप्रेसो प लागू होई।
सरकार हाले में घरेलू ATF (एविएशन टर्बाइन फ्यूल) के कीमत में बढ़न्ती के 25% तक सीमित कइले बिया। एही कारण एयर इंडिया अब फ्लैट चार्ज के जगह दूरी के हिसाब से नया सिस्टम लागू कइले बिया। हालांकि अंतरराष्ट्रीय रूट पs एतना राहत नइखे मिलल, एकरा से ओजा जादे बढ़न्ती देखे के मिल रहल बा।
फिलहाल कुछ रूट जइसे बांग्लादेश, जापान, हांगकांग आ साउथ कोरिया खातिर नया सरचार्ज पs अभी फैसला बाकी बा। एयरलाइन कहले बा कि नियामक मंजूरी मिलतही एह पs अंतिम निर्णय लिहल जाई।
असल में, एह बढ़न्ती के सबसे बड़ कारण वैश्विक स्तर पs जेट फ्यूल के दाम में तेज उछाल बा। IATA के आंकड़ा के मोताबिक, जेट ईंधन के कीमत करीब दुगुना हो गइल बा। एयरलाइन के कुल खरचा में ईंधन के हिस्सा 40-45% तक होला, एकरा से लागत बहुत बढ़ गइल बा।
एअर इंडिया बतवले बिया कि ऊ पूरा बोझ यात्रियन पs नइखे डालत, बलुक कुछ खरचा खुदे उठा रहल बा। ओने इंडिगो जइसन दोसर एयरलाइनो आपन सरचार्ज बढ़ा चुकल बाड़ी सs।








