Air India: दिल्ली आ रहल एयर इंडिया ड्रीमलाइनर विमान में खराबी; उड़ान भरला के एक घंटा बादे वापस हांगकांग लवटल

Share

सेंट्रल डेस्क। हांगकांग से दिल्ली जा रहल एअर इंडिया के फ्लाइट AI315 के बीच उड़ान में तकनीकी समस्या के संदेह होखला के बाद वापस अपना मूल स्थान पs लवटे के पड़ल बा। बोइंग 787-8 ड्रीमलाइनर के ओर से संचालित ई फ्लाइट AI315 हांगकांग से दिल्ली खातिर रवाना भइल रहे। बोइंग 787-8 ड्रीमलाइनर विमान के इस्तेमाल भारत में एअर इंडिया के तरफ से कइल जा रहल बा। 12 जून के गुजरात के अहमदाबाद में अइसने एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। एह दौरान विमान में सवार 242 लोगन में 241 लोगन के मौत हो गइल रहे।

विमान सेवा कंपनी एगो बयान में कहलस कि विमान संख्या AI 315 हांगकांग में सुरक्षित रूप से उतर गइल आ सब यात्री विमान से उतर गइल बा लोग। संगही कहलें कि विमान के निरीक्षण कइल जा रहल बा। विमान हांगकांग से दुपहरिया 12:16 बजे (स्थानीय समय) रवाना भइल आ एकरा भारतीय समयानुसार दुपहरिया 12:20 बजे दिल्ली उतरे के रही। उड़ान ट्रैकिंग वेबसाइट flightradar24.com के मोताबिक, विमान लगभग 3.5 घटा के देरी से रवाना भइल, जबकि एकर निर्धारित प्रस्थान सबेरे 8:50 बजे रहे। विमान स्थानीय समयानुसार दुपहरिया के सवा एक बजे एयरपोर्ट पs लैंड भइल।

बीतल दिन भइल रहे अइसने घटना

एकरा पहिले अतवार के लंदन के हीथ्रो हवाइ अड्डा से चेन्नई (भारत) खातिर रवाना भइल ब्रिटिश एयरवेज के उड़ान बीए35 उड़ान भरला के कुछे मिनट के बाद तकनीकी दिक्कत महसूस कइलस। बोइंग 787-8 ड्रीमलाइनर दुपहरिया 1:16 बजे (ब्रिटिश समयानुसार) पs 36 मिनट के देरी से उड़ल, बाकिर लगभग 15,000 फीट के ऊंचाई पs पायलट फ्लैप सिस्टम में गड़बड़ी के संकेत पवलस। सुरक्षा प्रोटोकॉल के तहत विमान के डोवर के खाड़ी के ऊपर होल्डिंग पैटर्न में घुमत कइयन चक्कर लगवलस। एह दौरान विमान लगभग 30 मिनट तक 12,000 फीट पs रहल आ सुरक्षित लैंडिंग खातिर अतिरिक्त ईंधन हवा में गिरावल गइल, ताकि वजन कम हो सके। कुल लगभग एक घंटा 45 मिनट बाद विमान हीथ्रो के रनवे पs सुरक्षित लैंडिंग कइलस। सब यात्री आ क्रू के सकुशल उतार लिहल गइल।

लखनऊ में सऊदी के विमान के पहियन से धुआं निकलत देखल गइल


एकरा पहिले 15 जून के सबेरे जेद्दा से लखनऊ एयरपोर्ट पs उतरल सऊदी अरब के एगो विमान के पहियों से धुआं निकलत देखल गइल। विमान बचाव आ अग्निशमन (ARFF) के टीम मवका पs पहुंचल। सऊदी अरब के टीम के संगे मिलके धुआं के नियंत्रित कइल गइल आ विमान के कवनो अनहोनी से बचावल गइल। एयरपोर्ट अधिकारी बतवलें कि यात्रियन के सुरक्षित उतार लिहल गइल आ एयरपोर्ट संचालन पs कवनो असर ना पड़ल।

Read Also: India 16th Census: जनगणना के अधिसूचना जारी, 35 लाख+ कर्मी डिजिटली काम करी लोग; 16 भाषा में मोबाइल एप

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-