केदारनाथ में एयर फोर्स के रेस्क्यू ऑपरेशन भइल पूरा, 200 से जादा लोगन के बचावल गईल जान

Share

 

केदारनाथ में भारतीय वायुसेना के ओर से चलावल जा रहल बचाव अभियान अतवार के पूरा हो गईल। उत्तराखंड के केदारनाथ के लगे बादल फटला के चलते भयावह भूस्खलन भइल. पहाड़ी इलाका में भईल एs भूस्खलन के चलते इहाँ आईल भक्त फंस गईले। भारतीय वायुसेना इहाँ करीब 10 दिन ले एगो बड़ बचाव अभियान चलावलस, जवना के तहत 200 से जादे लोग के हवाई जहाज से ले जाके सुरक्षित रूप से बाहर निकालल गईल। फिलहाल इs अभियान खतम होखला के बावजूद वायुसेना अबे ले आपन एगो हेलीकाप्टर के स्टैंडबाई में रखले बिया।

वायुसेना के मुताबिक गौरीकुंड से 218 लोग के बचावल गईल, जहां बादल के फटले से भयावह भूस्खलन भईल रहे, जवना से तीर्थयात्री फंस गईल रहले। दस दिन के एह अभियान में भारतीय वायुसेना के एमआई-17 वी 5 आ चिनूक हेलीकाप्टर चुनौतीपूर्ण हालात के बहादुरी से बुजुर्ग, घायल आ बेमार लोग के बचावल गइल. एकरा अलावे इहाँ फंसल लोग के राहत देवे खातीर वायुसेना 6 टन से जादे राहत सामग्री के हवाई जहाज से ले गईल।

भूस्खलन प्रभावित भइल रहे क्षेत्र

वायुसेना के मुताबिक इहाँ एगो चिनूक अबे ले स्टैंडबाई में बा, जबकि एमआई-17 वी5 के हटा दिहल गईल बा। अतवार के दिने एह संदर्भ में जानकारी देत ​​कहल गइल कि भारतीय वायुसेना उत्तराखंड के केदारनाथ में कई दिन ले चलल आपन बचाव अभियान पूरा कs लिहले बिया. हालही में ई इलाका भूस्खलन से प्रभावित भइल बा. भारतीय वायुसेना भूस्खलन प्रभावित इलाका से आखिरी बचे वाला के निकाल के अतवार के दिने केदारनाथ घाटी में बचाव अभियान खतम कs दिहलस.

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-