[the_ad_group id="30365"]

MP Plane Crash: MP के गुना में विमान दुर्घटनाग्रस्त, दू गो पायलट घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के गुना जिला के एगो हवाई पट्टी पs एतवार के दिने एगो निजी विमानन अकादमी के प्रशिक्षण विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। ए दुर्घटना में दू गो पायलट घायल हो गइले। गुना कैंट थाना के प्रभारी दिलीप राजोरिया बतवले कि दु सीट वाला सेसना 152 विमान दुपहरिया करीब डेढ़ बजे दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। आशंका बा कि इंजन खराब होखला के चलते विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल।

मध्य प्रदेश के गुना जिला के एगो हवाई पट्टी पs एतवार के दिने एगो निजी विमानन अकादमी के प्रशिक्षण विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। एह दुर्घटना में दू गो पायलट घायल हो गइले।

गुना कैंट थाना के प्रभारी दिलीप राजोरिया बतवले कि दु सीट वाला सेसना 152 विमान दुपहरिया करीब डेढ़ बजे दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। आशंका बा कि इंजन खराब होखला के चलते विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। दुर्घटना से पहिले करीब 40 मिनट तक उऽ उड़ान भरले रहले।

दुनु पायलट खतरा से बाहर बाड़े

उ बतवले कि विमान में सवार दू गो पायलट घायल हो गइले, बाकिर उऽ लोग खतरा से बाहर बाड़े। उऽ बतवले कि दुनो पायलट के इहाँ के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। अधिकारी बतवले कि कुछ दिन पहिले इ विमान के निरीक्षण आ रखरखाव खातिर इहाँ ले आवल गइल रहे।

विमान आपातकालीन लैंडिंग करत रहे

असल में जब दुर्घटना भइल तऽ विमान तकनीकी खराबी के चलते गुना हवाई पट्टी प इमरजेंसी लैंडिंग करत रहे। इ विमान सबसे पहिले सागर से नीमच गईल रहे, जहां से उऽसागर वापस आवत रहे, तबे पायलट गुना में आपातकालीन लैंडिंग के अनुमति लेले। हालांकि विमान रनवे से बाहर निकल के पेड़ से टकरा गइल आ ओकरा के नुकसान पहुंचल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]