सेंट्रल डेस्क। अहमदाबाद में 12 जून के भइल एअर इंडिया विमान हादसा के जांच तेज हो गइल बा। हादसा के जांच कs रहल विमान दुर्घटना जांच ब्यूरो (एएआईबी) के टीम आपन सुरुआती रिपोर्ट नागरिक उड्डयन मंत्रालय आ संबंधित अधिकारियन के सउप देले बा। सूत्र बतावल कि एआई 171 विमान दुर्घटना पs तइयार कइल गइल रिपोर्ट जांच के सुरुआती निष्कर्षन पs आधारित बा।
हादसा के जांच कर रहल बा एएआईबी
अहमदाबाद विमान हादसा के जांच विमान दुर्घटना जांच ब्यूरो (AAIB) के सउपल गइल बा। एएआईबी जांच खातिर बहु-विषयक टीम के गठन कइले बा। अंतरराष्ट्रीय प्रोटोकॉल के अनुसार गठित टीम के नेतृत्व डीजी एएआईबी कs रहल बाड़ें। एह ममिला में ब्लैक बॉक्स आ हैंडलिंग कॉकपिट वॉयस रिकॉर्डर (सीवीआर) आउर फ्लाइट डेटा रिकॉर्डर (एफडीआर) दुनो के बरामद कs लिहल गइल बा। सीवीआर के 13 जून, 2025 के दुर्घटना स्थल पs इमारत के छत से बरामद कइल गइल। ओहिजा, एफडीआर के 16 जून, 2025 के मलबा से बरामद कइल गदइल। ओकर सुरक्षित संचालन, भंडारण आ परिवहन खातिर मानक संचालन प्रक्रिया तय कइल गइल रहे। अब एएआईबी आपन सुरुआती रिपोर्ट नागरिक उड्डयन मंत्रालय के सउप देले बा।
270 यात्रियन के हो गइल रहे मौत
कुल 242 यात्रियन आ चालक दल के सदस्यन के लेके 12 जून के लंदन जा रहल एअर इंडिया के विमान एआई-171 अहमदाबाद के एगो मेडिकल कॉलेज परिसर में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे। एह हादसा में एगो व्यक्ति के छोड़के विमान में सवार सब यात्रियन के मौत हो गइल रहे आ जमीन पs मवजूद लगभग आउर 29 लोग मारल गइल रहे।
अहमदाबाद में एअर इंडिया विमान हादसा में 270 लोगन के मौत होखला के बाद 215 मृतकन के डीएनए मिलान के जरिये पहचान कs लिहल गइल बा। 198 शव ओह लोगन के परिवारन के सउप दिहल गइल बा। अहमदाबाद सिविल अस्पताल के चिकित्सा अधीक्षक डॉ राकेश जोशी बतवलें कि जवन 198 शव सउपल गइल बा, ओमे 149 भारतीय, 32 ब्रिटिश, सात पुर्तगाली आ एगाे कनाडाई नागरिक बा लो। 198 शवन में जमीन पs मारल गइल सात लोगन के पार्थिव देह सामिल बा।