आगरा: विदेशी दंपती शादी के 40वीं वर्षगांठ पर निकललें बरात, ताजमहल के लग्गे हिंदू रीति-रिवाज से रचवलें बियाह

Share

आगरा में इटली के दंपती अपने शादी के 40वीं वर्षगांठ पर हिंदू रीति-रिवाज से दुबारा बियाह रचवलें। बैंड-बाजा के साथ बरात निकललें। विदेशी दंपती के अनोखी शादी में शहर के कई लोग बराती बनल। प्रेम के प्रतीक ताजमहल के लग्गे एगो रिजॉर्ट में विदेशी दंपती सात फेरा लिहलें अउर अपने शादी के वर्षगांठ के यादगार बनवलें।

इटली के 70 साल के माउरो भारतीय संस्कृति से प्रभावित बानें। ऊ अपने पत्नी स्टैनफानिया के संगे शादी के 40वीं वर्षगांठ पर भारत घूमे आइल रहनें। ऊ आगरा के ट्रेवल्स अउर इवेंट ऑपरेटर एमटीए ग्रुप के मनीष शर्मा से संपर्क करs के शादी के वर्षगांठ के भारतीय परंपरा के संगे मनावे के इच्छा जतवलें। इहां आ के ऊ भारतीय संस्कृति से एतना प्रभावित भइलें कि विदेशी दंपती शादी के वर्षगांठ पर हिंदू रीति-रिवाज से बियाह करे के निर्णय कs लिहलें।

मनीष शर्मा ताजमहल के लगहीं एगो रिजार्ट में विदेशी दंपती के बियाह के व्यवस्था करवलें। विदेशी दंपती सबसे पहिले भारतीय दूल्हा-दुल्हन के पारंपरिक वेशभूषा में ताजमहल के दीदार कइलें। एकरे बाद रिजॉर्ट में बैंड-बाजा के संगे बारात निकलल। पंडित प्रवीन दत्त शर्मा दूनों जनी के बियाह करवलें। इटालियन दंपती एह आयोजन से बहुत खूश भइलें अउर सबका के धन्यवाद कइलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-