बक्सर ट्रेन हादसा के बाद कई गो ट्रेन भइल कैंसिल, कई गाड़ियन के बदलल रूट, इहां देखी पूरा लिस्ट

Share

 

बक्सर : बिहार के बक्सर में बुध के सांझ एगो बड़ ट्रेन दुर्घटना हो गईल। हादसा बक्सर के रघुनाथपुर स्टेशन के पास भइल। इहाँ दिल्ली के आनंद विहार टर्मिनल से कामाख्या जाए वाली ट्रेन नंबर 12506 नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस के कोच पटरी से उतर गईले। अबे ले ए दुर्घटना में 4 लोग के मउत हो चुकल बा अवुरी 100 लोग घायल होखे के बात कहल जाता। घायल में से बहुत लोग के हालत गंभीर बनल बा।

दुर्घटना में रेल पटरी के बहुत नुकसान पहुंचल।

एह हादसा से रेल पटरी के बहुते नुकसान भइल बा। घटना स्थल पs राहत आ बचाव कार्य पूरा हो चुकल बा। यात्रियन के एगो विशेष ट्रेन से भेजल गईल बा। एकरा बाद पटरी पs मरम्मत के काम चलता। केंद्रीय रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव कहले कि घटना स्थल पs राहत अवुरी बचाव के काम अब पूरा हो चुकल बा अवुरी अब पटरी पs मरम्मत के काम चलता। जल्दिये पटरी के मरम्मत हो जाई आ आवागमन शुरू हो जाई।

एह दुर्घटना के बाद एह रूट से गुजरे वाली कुछ ट्रेनन के रूट बदल दिहल गइल बा। एकरा संगे उत्तर प्रदेश के बनारस स्टेशन से पटना जाए वाली ट्रेन नंबर 15125 अवुरी पटना से बनारस जाए वाली ट्रेन नंबर 15126 के 12 अक्टूबर खातीर रद्द कs दिहल गईल बा।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-