[the_ad_group id="30365"]

बिहार में बड़ ट्रेन हादसा, बक्सर में नार्थ ईस्ट एक्सप्रेस के कइ गो डिब्बा पटरी से उतरल, ५ के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के बक्सर से डरावना खबर सामने आईल बा। बक्सर के रघुनाथपुर स्टेशन के पास नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस के दुर्घटना के खबर सामने आ रहल बा। जानकारी के मुताबिक बक्सर के रघुनाथपुर स्टेशन के नजदीक नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस के 6 कोच पटरी से उतर गईल बा। बता दीं कि दिल्ली से बिहार आ पूर्वोत्तर के ओर जाए खातिर नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस के एगो महत्वपूर्ण ट्रेन मानल जाला।

रघुनाथपुर स्टेशन के लगे नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस के 6 गो कोच के पटरी से उतरे के मामिला में एक आदमी के मउत के खबर सोझा आईल बा। अउरी जानकारी के इंतजार बा। ट्रेन नंबर 12506 नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस दिल्ली के आनंद विहार से कामाख्या जात रहे। हालांकि ए ट्रेन के बिहार के बक्सर के रघुनाथपुर स्टेशन के नजदीक दुर्घटना से मुलाकात भईल।

मउका पs मेडिकल टीम भेजल गइल

 आरा डीएम घायल लोग के मदद खातिर एसडीएम के संगे 15 गो एम्बुलेंस अवुरी मेडिकल टीम भेजले बाड़े। प्रशासन के ओर से पटना से दर्जन भs एम्बुलेंस भी भेजल गईल बा। पटना के पीएमसीएच, एनएमसीएच आ आईजीआईएमएस के अलर्ट कs दिहल गइल बा. एकरा संगे सभ डॉक्टर के ड्यूटी पs रहे के निर्देश दिहल गईल बा।

दिल्ली से कामाख्या जाए वाली नॉर्थ ईस्ट एक्सप्रेस के दुर्घटना पs रेलवे दुख जतवले बा। रेलवे यात्रियन के मदद खातिर हेल्पलाइन नंबर भी जारी कईले बिया। लोग पटना हेल्पलाइन:-9771449971, दानापुर हेल्पलाइन:-8905697493, कमर्शियल कंट्रोल :-7759070004 आ आरा हेल्पलाइन:-8306182542 से संपर्क कs सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]