चिल्ड्रन बैंक ऑफ इंडिया: एक हजार हुक्का के डिलीवरी लेके थमा दिहलस आठ लाख के नकली नोट, शातिर गिरफ्तार

Share

गाजियाबाद के राजनगर एक्सटेंशन में वीवीआईपी सोसाइटी के लगे तीन बदमाश एक हजार हुक्का के सौदा कs के डिलीवरी करे वाला आयुष के 8 लाख रुपिया के फर्जी नोट देके भाग गईले। घर पहुंचला के बाद जब आयुष आपन बैग खोलले तs ओकरा पs लिखल नोट – चिल्ड्रेन बैंक ऑफ इंडिया देख के उs चौंक गईले। घटना 21 फरवरी के हs। दिल्ली निवासी आयुष ए मामिला में नंदग्राम थाना में रिपोर्ट दर्ज करवले। पुलिस एगो शातिर आदमी के गिरफ्तार कs लेले बिया।

एसीपी नंदग्राम रवि कुमार सिंह बतवले कि पकड़ल गईल शातिर आदमी मध्य प्रदेश के पन्ना निवासी ब्रजभान हवे। हाल ही में उs गुरुग्राम के सेक्टर 12 सिविल लाइन्स में रहेले। पूछताछ के दौरान ब्रजभान बतवले कि उs अवुरी उनुकर दोस्त अयान गुरुग्राम के एगो बर्गर प्वाइंट पs काम करेले। अयान के दोस्त शहनवाज हs। जेकरा से उनुकर दोस्ती भी हो गईल।

शहनवाज केहु से 800 रुपिया के दर से एक हजार हुक्का खरीदे के सौदा कईले रहले। जवना के डिलीवरी उs अवुरी अयान राजनगर एक्सटेंशन में डिलीवरी लेवे आईल रहले। हुक्का से भरल बैग लेके उs नकली नोट आयुष के थमा देले अवुरी उहाँ से भाग गईले। एसीपी बतवले कि ब्रजभान से 80 नकली नोट बरामद भईल बा। उनुका दुनो सहयोगी के तलाशी लिहल जाता।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-