Bihar: सिवान के दरौंदा में सीएसपी से 2.5 लाख रुपिया के लूट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2024

सिवान :दरौंदा बाजार में स्थित बैंक ऑफ बड़ौदा के सीएसपी से फेस मास्क पहिनले चार अपराधी सुक के रात 11.30 बजे के करीब 2.5 लाख रुपिया लूट लेले। अपराधी 2 बाइक, एगो अपाची अवुरी एगो

Share

सिवान :दरौंदा बाजार में स्थित बैंक ऑफ बड़ौदा के सीएसपी से फेस मास्क पहिनले चार अपराधी सुक के रात 11.30 बजे के करीब 2.5 लाख रुपिया लूट लेले। अपराधी 2 बाइक, एगो अपाची अवुरी एगो स्प्लेंडर पs सवार रहले। संगही अपराधी एगो बुजुर्ग महिला ग्राहक से 500 रुपिया लूट लेले।

सीएसपी डकैती के जानकारी मिलला पs दरौंदा थानाध्यक्ष निदेशक पंकज कुमार वर्मा आ अउरी दू गो सीएसपी जवान रंजीत कुमार राम आ निधि कुमारी छोटन कुमार, एसडीपीओ राकेश कुमार रंजन सीएसपी पहुंचले। प्रत्यक्षदर्शी के मुताबिक अपराधी लूटपाट के बाद दरौंदा से सिवान के ओर भाग गईले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.