Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

AC इ 5 खर्चा खरीदला के बाद होखेला, इ ना त कंपनी बतावेले ना डीलर, बाकि इ जानल आपके अधिकार बा

224

Extra expense on AC : जदी रउवा AC लगावे के सोचतानी त एसी के खर्चा के अलावे एकरा लगावे खातीर 2500 से 3000 रुपया के अतिरिक्त शुल्क भी देवे के पड़ी। चाहे रउरा फ्लिपकार्ट आ अमेजन जइसन ई-कॉमर्स साइट से एसी खरीदीं भा कंपनी के रिटेल स्टोर से भा कवनो दोसरा आम रिटेलर से, एह खरचा से रउरा राहत ना मिली ।

अप्रैल महीना चलत बा आ पहिलहीं से देश के अधिकतर इलाका में पारा बढ़े लागल बा । गर्मी के नजदीक आवत-आवत कई इलाका में तापमान 40-43 डिग्री तक पहुँच जाला। गर्मी के अइला के संगे बाजार में एयर कंडीशनर (एसी) के मांग भी बढ़ गइल बा। आम तौर प साधारण एसी खरीदे में करीब 30-35 हजार रुपया के खर्चा आवेला, बाकी एसी के घरे ले आवे के समय आपके जेब के तनिका जादा ढीला करे के पड़ेला। इहाँ हमनी के बिजली के बिल के बात नइखी करत, बाकी एसी लगावे के दौरान हमनी के एगो अइसन खर्चा के बात करतानी जवन कि रउवा से छिपल बा चाहे रउवा जानकारी नइखे।

जदी रउवा एसी लगावे के सोचत बानी त एसी के लागत के अलावे एकरा लगावे खातीर 2500 से 3000 रुपया के अतिरिक्त शुल्क भी देवे के पड़ी। चाहे रउरा फ्लिपकार्ट आ अमेजन जइसन ई-कॉमर्स साइट से एसी खरीदीं भा कंपनी के रिटेल स्टोर से भा कवनो दोसरा आम रिटेलर से, एह खरचा से रउरा राहत ना मिली ।

कंपनी सभ इंस्टालेशन के भारी शुल्क लेत बाड़ी स असल में एसी के भारी मांग के चलते इंस्टॉलेशन आ सर्विस चार्ज में काफी बढ़ोतरी भइल बा। जदी हमनी के देखल जाव त अब एसी बनावे वाली अधिकांश कंपनी एसी पैकेज के संगे-संगे महत्वपूर्ण उपकरण देवे के काम बंद क देले बाड़ी। एकरा बजाय कंपनी एह उपकरणन खातिर ग्राहकन से अलगा से शुल्क लेत बाड़ी सँ ना त ग्राहकन के बाहर से खरीदे के पड़त बा । कंपनी सभ एह टूल सभ के इंस्टॉलेशन पैकेज में शामिल कइले बाड़ी सऽ जेकरा के ग्राहकन के अलग से खरीदे के पड़े ला।

इंस्टॉलेशन चार्ज के गणित के अइसे समझी 

असल में एसी खरीदला में लागे वाला अतिरिक्त शुल्क के बारे में रउरा तबे पता चलेला जब रउरा एसी खरीदब । कंपनी भा डीलर रउरा के ई छिपल लागत ना बतावे । एहमें एसी से जुड़ल अतिरिक्त तांबा के पाइप, पानी के पाइप, हैंगर, तार आ डिलीवरी वगैरह के लागत शामिल बा रउआ एकरा के अइसे समझ सकत बानी:

डिलीवरी चार्ज : डीलर 300 से 500 रुपया जोड़ के एसी आपके घर तक पहुंचावेले। जदी आप एसी ऑनलाइन खरीदतानी त डिलीवरी चार्ज से बचावल जा सकता।

इंस्टालेशन चार्ज : कंपनी के सर्विस एजेंट एसी इंस्टॉलेशन खाती 1100 से 1500 रुपया के शुल्क लेवेले। एकरा में 18% के जीएसटी अलग से जोड़ल जाला वॉल माउंट: दीवार प स्प्लिट एसी के आउटडोर यूनिट के ठीक करे खातिर वॉल माउंट के इस्तेमाल कइल जाला। एकरा खातिर भी ग्राहक के लगभग 850 रुपया देवे के होई।

तांबा के पाइप : कंपनी 3 मीटर तक मुफ्त में इन्सुलेटेड तांबा के पाइप उपलब्ध करावेली। जदी अउरी पाइप के जरूरत बा त 3 मीटर के पाइप प 4500 रुपया तक के शुल्क लिहल जा सकता।

 

ड्रेनेज पाइप : ग्राहक के प्लास्टिक के ड्रेनेज पाइप खातिर 500 रुपया देवे के पड़ेला।

पावर प्लग : कंपनी केबल के संगे दिहल गइल पावर प्लग के भी हटा देले बिया। पावर प्लग बाजार में 100-150 रुपया में आवेला।

एयर कंडीशनर लगावे के दौरान अधिकांश ग्राहक के तांबा के अतिरिक्त पाइप के जरूरत ना पड़ेला, लेकिन ड्रेनेज पाइप, पावर प्लग अवुरी वॉल माउंट प 3,200 रुपया के अतिरिक्त लागत आवेला। अधिकांश ग्राहक ब्रांड इंस्टॉलेशन के विकल्प चुनेले, काहेंकी चिंता बा कि जदी उ लोग आपन नया एसी स्थानीय विक्रेता से इंस्टॉल करावस त वारंटी शून्य हो जाई।

791970cookie-checkAC इ 5 खर्चा खरीदला के बाद होखेला, इ ना त कंपनी बतावेले ना डीलर, बाकि इ जानल आपके अधिकार बा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.