जलालपुर में सबेरे 10 बजे से 1 बजे तक रही पावर कट: पावर ट्रिप के समस्या के लेके होई काम

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2024

छपरा के जलालपुर प्रखंड के कुछ हिस्सन में पावर कट कइल जाये के बा। जलालपुर के चतरा पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला फीडर में पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जाये

Share

छपरा के जलालपुर प्रखंड के कुछ हिस्सन में पावर कट कइल जाये के बा। जलालपुर के चतरा पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला फीडर में पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जाये के बा। एकरा के लेके बिजली विभाग जानकारी देले बा। सोमार के सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 1 बजे तक बिजली बाधित रही। एह दौरान कमजोर हो चुकल तार आ ट्रांसफार्मर के मरम्मत कइल जाई।

कनीय अभियंता बतवलें कि हाल के दिनन में चतरा पावर सब स्टेशन से पावर ट्रिप के समस्या आवत रहे। गरमी बढ़ला से पावर ट्रांसमिशन पs लोड आ दबाव बढ़ गइल बा। आगे लोगन के परेसानी ना होखे, एहिसे काम होखल जरूरी बा। ओहिजा मरम्मती के काम पूरा होखला के बाद फेर से बिजली बहाल कs दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.