IPL 2024 के बाद KKR के चैंपियन बैटर T20 World Cup 2024 में बजवले डंका, तूफानी बैटिंग कऽ के बनवले धांसू रिकॉर्ड

Sonu Kishor

अफगानिस्‍तान के ओपनर रहमानुल्‍लाह गुरबाज युगांडा के गेंदबाजन के बखिया उधेड़त घरी 76 रन के तूफानी पारी खेलले। दहिना हाथ के बैटर 45 गेंद में चार चौका आ चार छक्का के मदद से 76 रन बनवले। आईपीएल 2024 में चैंपियन केकेआर के बैटर आपन एह पारी के दौरान एगो शानदार रिकॉर्ड बनवलस। उऽ जदरान के साथे मिलकर शतकीय साझेदारीयो कइले।

अफगानिस्‍तान के ओपनर रहमानुल्‍लाह गुरबाज मंगर के युगांडा के खिलाफ 76 रन के तूफानी पारी खेलके इतिहास रच देले। प्रोविडेंस में खेलल गइल मोकाबला में अफगानिस्‍तान के ओपनर रहमानुल्‍लाह गुरबाज खाली 45 गेंदन में चार चौका आ चार छक्का के मदद से 76 रन बनवले।

आईपीएल 2024 में कोलकाता नाइटराइडर्स के चैंपियन बनावे में अहम भूमिका निभावे वाला रहमानुल्‍लाह गुरबाज युगांडा के खिलाफ उम्‍दा पारी खेल के नया रिकॉर्ड कायम कइले। गुरबाज टी20 वर्ल्‍ड कप इतिहास में अफगानिस्‍तान खातिर व्‍यक्तिगत सबसे बड़ स्‍कोर बनावे वाला बल्‍लेबाज बन गइल बाड़े।

किंग बनले गुरबाज

रहमानुल्‍लाह गुरबाज से पहले टी20 वर्ल्‍ड कप इतिहास में अफगानिस्‍तान के लिए सबसे बड़ा व्‍यक्तिगत स्‍कोर बनाने का रिकॉर्ड नजीबुल्‍लाह जदरान के नाम दर्ज था। 2021 टी20 वर्ल्‍ड कप में नजीबुल्‍लाह जदरान ने न्‍यूजीलैंड के खिलाफ 73 रन की पारी खेली थी। अब गुरबाज इस रिकॉर्ड के नए किंग बन गए हैं।

इब्राहिम के साथ रिकॉर्ड साझेदारी

रहमानुल्‍लाह गुरबाज और इब्राहिम जदरान (70) ने युगांडा के खिलाफ पहले विकेट के लिए 154 रन की साझेदारी की। यह अफगानिस्‍तान की टी20 वर्ल्‍ड कप इतिहास में सबसे बड़ी साझेदारी भी रही। इससे पहले टी20 वर्ल्‍ड कप इतिहास में अफगानिस्‍तान की तरफ से किसी ने शतकीय साझेदारी नहीं की थी।

मोहम्‍मद नबी आ समीउल्‍लाह शिनवारी नागपुर में जिंबाब्‍वे के खिलाफ पांचवां विकेट खातिर 98 रन के साझेदारी कइले रहले, जो सर्वश्रेष्‍ठ रहल। गुरबाज-जदरान नया रिकॉर्ड स्‍थापित कइले। बता दी कि इब्राहिम जदरान 46 गेंदन में 9 चौका आ एगो छक्का के मदद से 70 रन बनवले।

अफगानिस्‍तान के विशाल स्‍कोर

अफगानिस्‍तान युगांडा के खिलाफ टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के आपन पहिला मैच में सशक्‍त स्‍कोर बनवले। ओपनर्स के दमदार प्रदर्शन के बदौलत अफगानिस्‍तान निर्धारित 20 ओवर में 5 विकेट गवां के 183 रन बनवलस।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...