Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली के स्कूल के बाद अब पुलिस मुख्यालय में बम के धमकी, नाबालिग लईका ईमेल भेजलख

340

दिल्ली पुलिस मुख्यालय के कथित तौर प ईमेल भेजे के आरोप में एगो किशोर के पकड़ल गईल बा। आरोप बा कि लईका मेल में कहले रहे कि बाहरी दिल्ली के नांगलोई इलाका में बम लगावल गइल बा।

दिल्ली के नांगलोई इलाका में बम के खबर से दहशत मच गइल। पुलिस मुख्यालय के ईमेल के माध्यम से बम के धमकी मिलल बा। जांच के बाद पुलिस ए ईमेल भेजे वाला के पता लगा लेले बिया। ईमेल एगो नाबालिग भेजले बा । पुलिस आरोपी के पकड़ लिहलस।

जांच में पाता चलल कि बच्चा शरारती तरीका से मेल भेजले रहे। पुलिस नाबालिग के खिलाफ जेजे एक्ट के तहत कार्रवाई कइलस। एकरा बाद बच्चा के काउंसलिंग के बाद ओकरा माता-पिता के हवाले क दिहल गइल।

एहसे पहिले ईमेल आइल रहे कि दिल्ली-एनसीआर के स्कूल, अस्पताल, राष्ट्रपति भवन आ आईजीआई हवाई अड्डा समेत कई गो सरकारी भवनन में बम लगावल गइल बा । स्कूल समेत दोसरा जगहा धमकी वाला मेल मिलला का बाद तलाशी लिहल गइल आ ओकरा में कुछ ना मिलल ।

ऑडियो आ टेक्स्ट मैसेज वायरल हो गइल

बुधवार के सबेरे राजधानी के 223 स्कूल में बम लगावे के फर्जी ई-मेल के बाद सांझ के सोशल मीडिया प ऑडियो आ टेक्स्ट मैसेज वायरल हो गइल। दावा कइल गइल कि राजधानी के बहुत स्कूल में बम मिलल बा, बाकी पुलिस जानबूझ के जनता के जानकारी नइखे देत। गुरुवार के ए संदेश के असर देखाई देलस।

बहुत लोग अपना बच्चा के स्कूल ना भेजले। एकरा संगे-संगे पुलिस जनता से अपील कइले बिया कि अइसन संदेश प विश्वास मत करी। एहमें कवनो सच्चाई नइखे । ना त ओह लोग के एह संदेशन प ध्यान देबे के चाहीं ना केहू दोसरा के भेजे के चाहीं।

811690cookie-checkदिल्ली के स्कूल के बाद अब पुलिस मुख्यालय में बम के धमकी, नाबालिग लईका ईमेल भेजलख

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.