Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अफगानिस्तान क्रिकेट टीम पहुंचल भारत, एह तारीख के खेलल जाई टेस्ट मुकाबला

1,821
Google Ads 300*250 for posts

 

अफगानिस्तान क्रिकेट टीम खातिर साल 2024 अबले के बढ़िया साल रहल बा जवना में ऊ सेमीफाइनल में चहुँप गइल रहुवे. अफगान टीम के एह प्रदर्शन के पूरा विश्व क्रिकेट में तारीफ भइल. अब बहुत दिन बाद अफगानिस्तान टीम एक बेर फेरु मैदान पs खेले जा रहल बिया जवना में अबकी बेर ओकरा के सफेद जर्सी में देखल जाई. अफगानिस्तान टीम के मुकाबला टेस्ट क्रिकेट में पहिला बेर न्यूजीलैंड टीम से होखी जवना में ऊ 9 सितंबर के ग्रेटर नोएडा के स्टेडियम में कीवी टीम के खिलाफ एक मैच के टेस्ट सीरीज खेली. अफगानिस्तान के 20 सदस्यीय टीम एह मैच के खेले खातिर 28 अगस्त के भारत चहुँप गइल बिया.

अफगानिस्तान के टीम 28 अगस्त के काबुल से सीधे दिल्ली पहुंचल रहे, ओकरा बाद पूरा टीम ओहिजा से ग्रेटर नोएडा पहुंच गईल बिया। अफगानिस्तान क्रिकेट बोर्ड एह टेस्ट मैच खातिर 20 सदस्यीय प्रारंभिक टीम के एलान कइले बा जवन अगिला एक हफ्ता ले शहीद शहीद विजय सिंह पथिक स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में एह टेस्ट मैच के तइयारी में अभ्यास करी. अफगान टीम भी 29 अगस्त से अभ्यास शुरू कs देले बिया।  एह टेस्ट मैच में अफगानिस्तान टीम के कप्तान बनावे के जिम्मेवारी हशमतुल्लाह शाहिदी कके कन्धा पs रही. एकरा अलावे इब्राहिम जादरान अवुरी रहमत शाह टीम के प्रमुख खिलाड़ी में से एक बाड़े। अफगानिस्तान के सबले बड़का खिलाड़ी रशीद खान एह एक टेस्ट मैच में खेलत ना लउकीहें आ ऊ अपना फिटनेस के ध्यान में राखत अगिला एक साल खातिर टेस्ट क्रिकेट से ब्रेक लेबे के फैसला कइले बाड़न.

अगिला हफ्ता न्यूजीलैंड के टीम भी भारत पहुंची

अफगान टीम के एलान अगिला हफ्ता अफगानिस्तान आ न्यूजीलैंड के बीच नौ सितंबर से होखे वाला टेस्ट मैच खातिर कइल जाई जवना में अफगानिस्तान के बीस सदस्यीय प्रारंभिक टीम के 15 गो खिलाड़ियन के नाम बतावल जाई. टीम के एलान के समय एक हफ्ता ले होखे वाला फिटनेस आ प्रशिक्षण सत्र के ध्यान में राखत खिलाड़ियन के चयन कइल जाई.  न्यूजीलैंड के टीम अगिला हफ्ता एह टेस्ट मैच में खेले खातिर भारत चहुँप जाई जवना में एह सीरीज में ओकर प्रयास अक्टूबर महीना में होखे वाला भारत के खिलाफ तीन मैच के टेस्ट सीरीज के तइयारी पs भी आधारित होखी.

 

 

 

945480cookie-checkअफगानिस्तान क्रिकेट टीम पहुंचल भारत, एह तारीख के खेलल जाई टेस्ट मुकाबला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.