सेण्ट ऐण्ड्रयूज़ महाविद्यालय में परास्नातक खातिर प्रवेश सूचना

Anurag Ranjan

सेण्ट ऐण्ड्रयूज़ महाविद्यालय में सत्र 2022-23 में एम0ए0 (हिन्दी, राजनीति शास्त्र आ स्ववित्तपोषित एम0ए0 अंग्रेज़ी, समाजशास्त्र आउर भूगोल), एम0एस-सी (गणित, भौतिक विज्ञान, रसायन शास्त्र, वनस्पति शास्त्र आउर जन्तु विज्ञान) आ एलएल0बी0 पहिला बरिस के प्रवेश परीक्षाफल घोषित हो चुकल बा आ महाविद्यालय के वेबसाईट (www.st-andrews-college.org) आ सूचनापट्ट पs उपलब्ध बा। पहिला सूची के प्रवेश दिनांक 12, 13 आ 14 सितंबर, 2022 के वरियता क्रमानुसार सम्बन्धित विभाग में सबेरे 10ः15 बजे से अपरान्ह 1ः15 बजे तक होई। ई बहुते जरूरी बा कि प्रवेश के बेरा छात्र/छात्रा अपना द्वारा देय सम्पूर्ण शुल्क, 1 पासपोर्ट साइज़ फोटो, आनलाईन फार्म के प्रिंट-आउट के साथे संलग्न समस्त अंकपत्रन/प्रमाण-पत्रन के स्वहस्ताक्षरित छायाप्रति, चरित्र आ स्थानांतरण प्रमाण-पत्र आ सब मूल अंकपत्रन/प्रमाण-पत्रन के साथे उपस्थित होखे लो। आउर कवनो विस्तृत जानकारी खातिर विभाग से सम्पर्क करीं।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।