Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BPSC 67th Exam Admit Card 2022: बीपीएससी 67वीं प्रीलिम्स एडमिट कार्ड bpsc.bih.nic.in पs होखे वाला बा जारी

BPSC 67th Exam Admit Card 2022: बीपीएससी 67वीं प्रीलिम्स परीक्षा के एडमिट कार्ड बहुते जल्दी जारी होखे वाला बा। एडमिट कार्ड जारी होखला पs स्टूडेंट्स एकरा के www.bpsc.bih.nic.in पs जाके डाउनलोड कs सकी लो।

1,159

BPSC 67th Exam Admit Card 2022: बीपीएससी 67वीं प्रीलिम्स परीक्षा के एडमिट कार्ड बहुते जल्दी जारी होखे वाला बा। एडमिट कार्ड जारी होखला पs स्टूडेंट्स एकरा www.bpsc.bih.nic.in पs जाके डाउनलोड कs सकी लो। बीपीएससी 67वीं प्रीलिम्स परीक्षा 21 सितंबर के एके शिफ्ट में एके दिन आयोजित कइल जाई। करीब 10 से 14 दिन पहिले आयोग 67वीं परीक्षा के एडमिट कार्ड ( BPSC 67th PT Admit Card 2022 ) जारी कs सकत बा। बीपीएससी 67वीं के 802 पदन खातिर छव लाख से बेसी अभ्यर्थिन द्वारा आवेदन कइल गइल बा।

दरअसल 8 मई के पेपर लीक होखला के चलते बीपीएससी 67वीं पीटी परीक्षा रद्द कs दिहल गइल रहे। तब अभ्यर्थियन खतिर एडमिट कार्ड 25 अप्रैल से bpsc.bih.nic.in पs अपलोड कs दिहल गइल रहे। एह लिहाज से अंदाजा लगावल जा रहल बा कि अबकियो करीब 8 सितंबर के लपेट में आयोग एडमिट कार्ड ( BPSC 67th Prelims Admit Card 2022 ) जारी कs सकत बा ताकि अभ्यर्थी परीक्षा केंद्र आवे जाए के व्यवस्था कs सके लो।

पहिले ई 20 आ 22 सितंबर, 2022 के दु शिफ्ट में होखे वाला रहे बाकिर परीक्षार्थियन के भारी विरोध प्रदर्शन के बाद बिहार सरकार पीटी एग्जाम पहिलही के तरे एक दिन एक शिफ्ट में करावे के फसीला कइलस। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में बियफे के भइल बैठक में ई फसीला लिहल गइल।

BPSC 67th CCE 2022 प्रीलिम्स परीक्षा में जनरल स्टडीज में 150 मार्क्स के प्रश्न पूछल जाई। बता दीं, परीक्षा के समय 2 घंटा के होई।

जनरल स्टडीज के एह टॉपिक्स पs पूछल जाई प्रश्न

– जनरल साइंस
– राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय महत्व के घटना
– बिहार के इतिहास आ भारतीय इतिहास
– भूगोल (मुख्य रूप से बिहार के भूगोल)
– भारतीय राजनीति आ अर्थव्यवस्था
– स्वतंत्रता के बाद बिहार के अर्थव्यवस्था में परिवर्तन
– भारतीय राष्ट्रीय आंदोलन आ बिहार के भूमिका
– सामान्य मानसिक क्षमता

सुरक्षा खातिर कइल जाई ई बड़ बदलाव 

– पीटी a मेन्स दुनों के मूल्यांकित कॉपियन के वेबसाइट पs डालल जाई
– पीटी के बाद छात्रन के ऑप्शनल पेपर में बदलाव के मिली मौका

– सब केंद्रने के प्रश्नपत्रन में यूनिक आईडी होई, जीपीएस लगल खास बॉक्स में भेजल जाई प्रश्नपत्र
– छात्रन के सोझा खोलल आ सील कइल जाई प्रश्नपत्र
– परीक्षा से एक घंटा पहिले छात्रन के परीक्षा कक्ष में बइठ जाए के होई
– प्रश्न पत्रन के सील परीक्षा हॉल में खोलल जाई। सब परीक्षा केंद्रन पs जैमर लगावल जाई ताकि मोबाइल काम ना करे।
– छात्रन के सोझा ओएमआर के सील कइल जाई।

साभार: हिंदुस्तान

323020cookie-checkBPSC 67th Exam Admit Card 2022: बीपीएससी 67वीं प्रीलिम्स एडमिट कार्ड bpsc.bih.nic.in पs होखे वाला बा जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.