Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रशासन मौन: गोरखपुर में बेखौफ बा खनन माफिया, धड़ल्ला से हो रहल बा माटी के धंधा

गीडा, अधिसूचित अधिकांश गांव में माटी के अवैध खनन अंधाधुंध कईल जाता। प्रतिबंध के बावजूद खनन माफिया कवनो बाज नईखे आवत। एकरा के लेके इलाका के गांव के लोग में आक्रोश व्याप्त बा।

496

 

जानकारी के अनुसार, सहजनवां तहसील क्षेत्र के नगवा, बांसपार, माही, कुरमौल, देईपार, तेनुआ, जैतपुर, नंदापार, ककना, अमटौरा, पिपरौली, खरैला, अड़ीलापार आदि गाँवन में माटी के अवैध खनन जोर शोर से चल रहल बा। शिकायत के बावजूद तहसील प्रशासन चुप बा।

कुछ लोग मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सपना के परियोजना गीडा विकास मॉडल के अधिसूचित क्षेत्र में माटी के अवैध खनन क सरकार के योजना में तोड़फोड़ करे में लागल बाड़े।

क्षेत्रीय लोग बतवले कि खनन माफिया भट्ठा संचालक के सहयोग से पोकलेन अवुरी जेसीबी से 10 से 20 फीट गहिराई तक माटी निकालता। अगर कवनो गाँव के आदमी विरोध करेला त खनन करेवाला लोग के ओर से कहल जाला कि खनन तबे हो रहल बा जब तहसील के अनुमति बा।

सवाल बा कि अगर तहसील प्रशासन खनन के अनुमति देले बा त ओकर मानक का बा? का खेती के जमीन से 15 फीट तक गहिराह माटी निकालल जायज बा? जमीन के खनन जीआईडीए के अधिसूचित भा अधिग्रहण क्षेत्र में होखे के चाहीं।

कुछ लोग बतवले कि माटी के अवैध खनन के जानकारी कई बेर हल्का लेखपाल के दिहल गईल, लेकिन कवनो कार्रवाई ना भईल। हद त तब हो गइल जब खननकर्ता गांव के पोखरा आ बगइचा तक खनन क के गहिराह माटी निकाल रहल बाड़े।

बता दीं कि गीडा प्रशासन हमेशा से कहत आइल बा कि अधिसूचित क्षेत्र में कवनो खनन ना हो सके। अगर सूत्र पs विश्वास करे के बा त कर्मचारी के कमी के चलते गिडा के ए इलाका में अवैध काम के जानकारी ना मिलेला। एही से अवैध खनन पs लगाम लगावे के जिम्मेवारी तहसील प्रशासन के बा। अगर इलाका में हो रहल खनन के लेके कवनो बड़ कार्रवाई ना भईल त जल्दिए खनन माफिया गीडा इलाका के अधिकांश जमीन के बड़ झील में बदल दिही।

निजी माटी के खनन पs पूरा रोक बा : एसडीएम

एही संदर्भ में उप जिला मजिस्ट्रेट कुंवर सचिन सिंह के कहल बा कि एह इलाका में कवनो तरह के खनन के अनुमति केहू के नइखे दिहल गइल। तहसील इलाका में नदी के किनारे दु से तीन लोग के खनन करे के अनुमति बा, लेकिन कवनो भट्ठा चलावे वाला चाहे निजी के खनन पूरा तरीका से मना बा।

तहसील प्रशासन केहू के खेत से माटी खनन ना करे देला। उ खुद इलाका में जाके जांच करीहे, जदी केहु नाजायज तरीका से खेत के माटी निकालले बा त ओकरापsप जुर्माना लगावे के संगे कानूनी कार्रवाई होई।

575370cookie-checkप्रशासन मौन: गोरखपुर में बेखौफ बा खनन माफिया, धड़ल्ला से हो रहल बा माटी के धंधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.