आदित्य मल्टीकॉम के CA के ED कइलस गिरफ्तार: अवैध बालू खनन ममिला में एक्शन

ED आदित्य मल्टीकॉम के CA जयनारायण गुप्ता के कोलकाता से गिरफ्तार कइले बा। एकरा लगे से 35 लाख कैशो बरामद भइल बा, जवन एकरा ठिकाना से मिलल बा।

Share

अवैध बालू खनन ममिला में ED बड़ कारवाई कइले बिया। ED आदित्य मल्टीकॉम के CA जयनारायण गुप्ता के कोलकाता से गिरफ्तार कइलस। सूत्रन के अनुसार एकरा लगे से 35 लाख कैशो बरामद भइल बा, जवन एकरा ठिकाना से मिलल बा। एकरा के कोलकाता के वाटरलू स्ट्रीट इस्थित ऑफिस से पकड़ल गइल बा।

जय नारायण गुप्ता से सुरुआती पूछताछ भइल रहे। ओकरा ठिकाना से बरामद कैश के बारे में सवाल पूछल गइल। कैश के बारे में सही जानकारी ना देला के बाद ओकरा के गिरफ्तार कs लिहल गइल। संगही कैश के जब्त कs लिहल गइल रहे। ED के सूत्रन के अनुसार CA जयनारायण गुप्ता आदित्य मल्टीकॉम कंपनी के पूरा फाइनेंशियल बिजनेस देखेला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-