टेक डेस्क। दिन-ब-दिन गरमी बढ़त जा रहल बा आ अइसन में एयर कंडीशनर (AC) के सर्विस करावल बहुत जरूरी हो जाला। बहुत लोग समय पs AC के सर्विस तs करवा लेला, बाकिर कुछ जरूरी बातन पs धेयान ना दे पावेला। एह गलत से AC के कूलिंग घट जाला, बिजली बिल बढ़ जाला आ मशीन के उमिरो कम हो जाला। जदि रउओ एह सीजन AC सर्विस करावे के सोचत बानी, तs नीचे लिखल चार गो बात जरूर चेक कs लीं, ना तs बाद में दोबारा खरचा उठावे के पड़ सकत बा।
- फिल्टर सही से साफ भइल कि ना
AC के फिल्टर धूरा-माटी आ एलर्जियन से रोकेला। समय के संगे फिल्टर जाम हो जाला, जवना से ठंडक कम हो जाला आ AC पs जादे लोड पड़ेला। सर्विस के समय देख लीं कि टेक्नीशियन फिल्टर के पानी से बढ़िया से धोके साफ कइले बा कि ना। जदि फिल्टर गंदा रह जाई तs बिजली खपतो बढ़ जाई। - एवापोरेटर कॉइल के डीप क्लीनिंग
कॉइल AC के बहुत जरूरी हिस्सा होला। जदि एकरा पs धूरा जमल होखे तs ठंडा हवा सही से ना आवे। सर्विस के दौरान इनडोर आ आउटडोर यूनिट के कॉइल के केमिकल वॉश भा डीप क्लीनिंग जरूरी होला। ध्यान रखीं कि टेक्नीशियन बस ऊपर-ऊपर से साफ कर के ना निकल जाये। - गैस लेवल जरूर चेक कराईं
अगर AC पहिले जइसन ठंडा ना करत होखे, बिजली बिल अचानक बढ़ गइल होखे भा आउटडोर यूनिट से अजीब आवाज आवत होखे, तs गैस कम भा लीक हो सकेला। सर्विस के समय गैस प्रेशर मीटर से गैस लेवल चेक कराईं आ जरूरत पड़े तs गैस टॉप-अप जरूर कराईं। - ड्रेनेज पाइप आ पानी टपकने के समस्या
कइयन बेर सर्विस के बाद AC से पानी टपकल सुरू हो जाला। ई ड्रेनेज पाइप जाम भा ठीक से फिट ना होखे के चलते होला। सर्विस के दौरान पाइप लाइन सही से साफ भइल कि ना आ इनडोर यूनिट में कहीं पानी लीक तs नइखे हो रहल, ई जरूर देख लीं।
अगर ई चारों बातन पs ध्यान दिहल जाई, तs राउर AC लमहर समय तक बढ़िया कूलिंग दी आ बिना मतलब के खरचा से बचाई।
Read Also: IDFC Bank Fraud : 590 करोड़ के धोखाधड़ी कs के अइसे घुमवलस पइसा, जांच एजेंसियो दंग
Post Views: 39







