AC Tips: किने जा रहल बानी नया एसी, तs जान लीं 3 स्टार आ 5 स्टार में कवन रही बेहतर

Share

टेक डेस्क। गर्मी के सीजन सुरू होखतही एसी के जरूरत हमनी के महसूस होखे लागेला। गर्मी से निजात पावे खातिर एसी एगो कारगर उपाय बा। जदि रउआ एह सीजन में एसी किने जा रहल बानी, तs रउआ कुछ बातन के बारे में जरूर जान लेवे के चाहीं। ताकि रउआ अपना खातिर एगो अच्छा डील के किन सकीं।

एसी किनत घड़ी अक्सर ग्राहक एनर्जी रेटिंग 3 स्टार भा 5 स्टार रेटिंग वाला एसी के लेके बहुते परेसान रहेला। दुनो एसी में कीमत के लेके अंतर होखबे करेला, संगही संगे बिजली खपत, परफॉर्मेंस आ लॉन्ग टर्म सेविंग्स के अंतरो होला। 3 स्टार रेटिंग एसी 5 स्टार रेटिंग एसी के तुलना में जादे बिजली के खपत करेला। ओहिजा, 5 स्टार रेटिंग वाला एसी कम बिजली के खपत कs के अच्छा कूलिंग प्रदान करेला। एही वजह से 5 स्टार रेटिंग वाला एसी के कीमत तनिका जादे होला।

एह कारण एसी किनत घरी आपन बजट, इस्तेमाल के जरूरत के देखत ई जानल जरूरी बा कि रउआ खातिर 3 स्टार भा 5 स्टार कवन रेटिंग वाला एसी एहो अच्छा विकल्प भी। आईं जानल जाव एकरा बारे में विस्तार से –

जदि रउआ हर रोज 4 से 5 घंटे एसी के इस्तेमाल करेनी, तs एक इस्थिति में रउआ 3 स्टार रेटिंग वाला एसी के किन सकत बानी। ई रउआ खातिर एगो अच्छा विकल्प बा। जदि रउआ दिन में 8 से 10 घंटा भा ओकरा से जादे देर खातिर एसी के इस्तेमाल करेनी तs रउआ खातिर 5 स्टार रेटिंग वाला एसी एगो बढ़िया विकल्प बा।

5 स्टार रेटिंग वाला एसी 3 स्टार रेटिंग वाला एसी के तुलना में जादे एनर्जी एफिशिएंट होला। जदि रउआ हर रोज जादे देर खातिर एसी के इस्तेमाल करेनी, तs लॉन्ग टर्म में ई राउर बहुत पइसा बचा सकत बा।

5 स्टार रेटिंग के जवन एसी होला ओकर परफॉर्मेंस आ कूलिंग क्षमता अच्छा होला। एह एसी में कंडेनसरो अच्छी क्वालिटी के लागल होला। 5 स्टार रेटिंग वाला में इंसुलेशनो अच्छा होला।

Read Also: Vande Bharat : सीआरबी पहुंचलें गोरखपुर, स्पेशल ट्रेन से जइहें सिवान- हरियर झंडी दिखइहें PM मोदी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-