आम लोगन खातीर एह तारीख से खुली अबु धाबी के हिंदू मंदिर, VIP श्रद्धालु लो के दर्शन 29 फरवरी ले

Minee Upadhyay

अबू धाबी हिन्दू मंदिर : अयोध्या के बाद अबू धाबी के हिन्दू मंदिरो के उद्घाटन हो चुकल बा। BAPS के बनावल एह भव्य हिन्दू मंदिर के उद्घाटन 14 फरवरी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मवजूदगी में भइल रहे। फिलहाल एह मंदिर में वीआईपी भक्त लोग आ रहल बा। बाकिर अब ई मंदिर जल्दिए आम लोग के खातिर खोलsल जाई।जानि कवना तारीख से आम भक्त लोग दरसन कई सकेला।

अबू धाबी के हिन्दू मंदिर के अधिकारी जानकारी देले बाड़े कि अब एक मार्च से आम भक्त खाती मंदिर के दरवाजा खुल जाई। मंदिर बोचासनवासी श्री अक्षर पुरुषोत्तम स्वामीनारायण संस्था (BAPS) स्वामीनारायण संस्था के निर्माण दुबई-अबू धाबी शेख जायद राजमार्ग के अबू मुरिखाह में अल रहबा के लगे भईल बा । ई मंदिर 27 एकड़ जमीन में फइलल बा।

मंदिर के दरवाजा जनता खातिर मार्च में खुल जाई

मंदिर के प्रवक्ता कहले कि, “1 मार्च से जनता मंदिर में जा सकेले। मंदिर हरेक सोमार (सोमवार) के जनता खाती बंद रही।” भारत के गंगा आ यमुना के पवित्र पानी, राजस्थान के गुलाबी बलुआ पत्थर आ लकड़ी के फर्नीचर के इस्तेमाल यूएई के पहिला हिन्दू मंदिर खातिर कइल गइल बा जवन लगभग 18 लाख ईंटाऽ के मदद से बनल बा।

मंदिर के अधिकारी लोग के मुताबिक मंदिर के निर्माण पुरनका निर्माण शैली के मुताबिक भईल बा। यूएई सरकार मंदिर के निर्माण खातिर जमीन दान में देले रहे। बाप्स के अंतर्राष्ट्रीय संबंध प्रमुख स्वामी ब्रह्मविहारिदास कहले कि, मंदिर के सात चोटी पs देवता के मूर्ति बा, जवना में भगवान राम, भगवान शिव, भगवान जगन्नाथ, भगवान श्रीकृष्ण, भगवान स्वामीनारायण (भगवान कृष्ण के अवतार मानल जाला) तिरुपति बालाजी, भगवान शिव आ अय्यप्पा के शामिल कइल गइल बा।”

पौराणिक साक्ष्य समेटले स्थापत्य कला के नमुना बा मंदिर

मंदिर में महाभारत आ रामायण के अलावा 15 गो अउरी कहानी के चित्रण भी बा। एह कहानी सभ में माया, एजटेक, मिस्र, अरबी, यूरोपीय, चीनी आ अफिरकी सभ्यता सभ के सामिल कइल गइल। मंदिर के बाहरी देवाल भारत से ले आवल बलुआ पत्थर से बनल बा।

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।