उज्जैन में लागल दुनिया के पहिला वैदिक घड़ी, PM मोदी करिहें उद्घाटन, जानी का बा खास World’s first Vedic Clock में

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2024

उज्जैन में दुनिया के पहिला वैदिक घड़ी लाग चुकल बा । इ पहिल अइसन घड़ी होइ जवन 30 घंटा के समय देखाई। संगे इ मुहूर्त दिखाई 1 मार्च के पीएम मोदी एकर वर्चुअल तरीका से

Share

उज्जैन में दुनिया के पहिला वैदिक घड़ी लाग चुकल बा ।

इ पहिल अइसन घड़ी होइ जवन 30 घंटा के समय देखाई। संगे इ मुहूर्त दिखाई 1 मार्च के पीएम मोदी एकर वर्चुअल तरीका से उद्घाटन करिहें ।

 

Vedic Watch in Ujjain: मध्य प्रदेश के उज्जैन शहर के नाम एगो अउरी उपलब्धि होखे वाला बा । इहवां के गऊघाट स्थित जीवाजीराव वेधशाला में बहुप्रतीक्षित ‘वैदिक घड़ी’ (Vedic Clock) लगा देवलऽ गइलऽ बा । 30 घंटा में दिन आ रात दर्शावे वाला एह काल गणना के घड़ी से अब मुहूर्त (Muhurat) देखलऽ जा सकी । एकर उद्घाटन 1 मार्च के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (Narendra Modi) आ मुख्यमंत्री डॉ. मोहन यादव (Dr. Mohan Yadav) वर्चुअल रूप से करिहें । इ दुनिया के पहिला वैदिक घड़ी होई ।

 

 

उज्जैन खातिर गौरव के बात

12 ज्योतिर्लिंग में से एगो महाकालेश्वर के नगरी हमेशा से काल गणना के केंद्र रहलऽ बा । इहवां से कर्क रेखा गुजरलऽ बिया आ मंगलग्रह के जन्म स्थान इहवे मानल जाला । इहवें से विक्रम संवत के शुरुआत होखला से पूरा दुनिया में विक्रम संवत नाम से कैलेंडर आ मुहूर्त संचालित कइलऽ जाला । एही से दुनिया के पहिला अइसन वैदिक घड़ी जीवाजीराव वेधशाला में 80 फीट ऊंच टावर पs लगावल गइलऽ बा।

 

80 फिट के उंचाई पs लागलऽ बा घड़ी

दुनिया के पहिला अइसन वैदिक घड़ी जीवाजीराव वेधशाला में 80 फीट ऊंच टावर पs लगावल गइलऽ बा । एह घड़ी के विशेषता इहे बा कि एगो सूर्य उदय से दोसरे सूर्य उदय के बीच 30 घंटे के समय देखाई । एहमें भारतीय स्टेंडर्ड टाइम के अनुसार 60 मिनट ना बल्कि 48 मिनट के एक घंटा होई । इ वैदिक समय के साथ ही अलग-अलग मुहूर्त भी दिखाएगी

मोबाईलो से ऑपरेट होई ।

घड़ी के टेक्नीशियन सुशील गुप्ता बतवले कि हमरा जवन पुरान कालगणना के तरीका रहे, ओहो कैलकुलेशन पs इ वैदिक घड़ी बनावल गइलऽ बा ।

30 घंटे के एह वैदिक गणित वाली घड़ी से मुहुरतो देख सकेम आ एह मोबाइल ऐप से ऑपरेट हो सकतऽ बा । करीब 80 फीट ऊंच वॉच टावर पs लगइला के लिए करीब 150 फीट ऊंच क्रेन के माध्यम से घड़ी के वॉच टावर पs स्थापित कइलऽ गइलऽ बा । पहिले एकर टेस्टिंग कइलऽ जाई ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.