AAIB Report: उड़ान के तीन सेकेंड बाद बंद भइल ईंधन आपूर्ति, 29 सेकेंड में विमान क्रैश; जांच रिपोर्ट में खुलासा

Share

नई दिल्ली। अमदाबाद विमान हादसा के लेके एयरक्राफ्ट एक्सीडेंट इन्वेस्टिगेशन ब्यूरो (एएआईबी) के सुरुआती रिपोर्ट सामने आइल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, एअर इंडिया के बोइंग 787-8 विमान (एआई 171) 12 जून के जब अहमदाबाद एयरपोर्ट से उड़ान भरे लागल तs मात्र तीन सेकेंड बाद ईंधन के आपूर्ति बंद हो गइल। टेकऑफ के बाद दुनो इंजनन के ईंधन आपूर्ति बंद होखतही खाली 29 सेकेंड बाद विमान मेघाणीनगर में क्रैश हो गइल।

एएआईबी के रिपोर्ट के मोताबिक टेकऑफ के समय ईंधन सप्लाई बंद होखतही इंजनन के पंखा के गति कम होखे लागल रहे। 213.4 टन वजन के संगे उड़ल विमान हवाई अड्डा के परिधि के देवाल पार करे से पहिलही नीचे आवे लागल। एह समय विमान में 54,200 किलोग्राम फ्यूल रहे आ टेक-ऑफ वजन 2,13,401 किलोग्राम रहे, जवन अधिकतम अनुमत वजन 2,18,183 किलोग्राम से कम रहे। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि एयरक्राफ्ट 180 नॉट्स के अधिकतम रफ्तार हासिल कइलस आ ओहि दौरान दुनो इंजनन के फ्यूल कटऑफ स्विच रन से कटऑफ में बदल गइल। एह दुनो स्विच में खाली 1 सेकंड के अंतर रहे।

कॉकपिट रिकॉर्डिंग से का पता चलल?

एएआईबी कॉकपिट वॉयस रिकॉर्डर के विश्लेषण कइले बा। एमे एगो पायलट दूसरका से पूछत बा, “तु कटऑफ काहे कइलs? जवाब मिलत बा, “हम ना कइनी।” एकरा से अंदेसा बा कि ई कटऑफ स्वचालित भा तकनीकी गड़बड़ी के चलते भइल, जवना के अब गहराई से जांचल जा रहल बा।

एतनही ना, रिपोर्ट में इहो बतावल गइल कि पायलट दुनो इंजनन के फेर से सुरू करे के कोसिस कइल लो। इंजन-1 दोबारा सुरू होखे लागल आ ओकरा गति रिकवर होखे लागल, बाकिर इंजन-2 बार-बार फ्यूल रीइंट्रोड्यूस कइला के बादो पर्याप्त गति ना पकड़ पाइल।

रखरखाव में कवनो खामी ना मिलल

एएआईबी विमान VT-ANB के मेंटेनेंस रिकॉर्ड के जांच कइलस। एमे पावल गइल कि थ्रॉटल कंट्रोल मॉड्यूल 2019 आ 2023 में बदलल गइल रहे, बाकिर एकर संबंध फ्यूल कटऑफ से ना रहे। फ्यूल स्विच के लेके साल 2023 के बाद कवनो शिकायत दर्ज ना कइल गइल।

फिलहाल एएआईबी B787-8 भा GE GEnx-1B इंजन ऑपरेटर्स खातिर कवनो विशेष चेतावनी जारी नइखे कइल गइल। जांच आगे जारी बा आ आउर तकनीकी दस्तावेजन के समीक्षा कइल जा रहल बा। एअर इंडिया बयान जारी कs  के कहले बा कि उ जांच एजेंसियन के संगे पूरा तरे से सहजोग कs रहल बा आ रिपोर्ट के हर जानकारी पs निगरानी रखल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-