Aadhaar कार्ड पs लउके के बा हैंडसम? एह आसान ट्रिक से बन जाई काम

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क : आधार कार्ड एगाे जरूरी सरकारी डॉक्यूमेंट बा। एकर इस्तेमाल लगभग हर जगह पहचान जाहिर करे खातिर होला। हालांकि एगो बात जे हर केहू अपना आधार कार्ड के लेके मानी उ ई बा कि हमनी के कबो अपना आधार कार्ड पs मवजूद फोटो के लेके खुस नइखे हो सकत। कइयन बेर तs लोगन के एकरा के कहीं देखवलो पs सर्मिंदगी होला। हालांकि जदि रउआ चाहीं, तs अपन आधार कार्ड पs हैंडसमाे दिख सकत बा। एकरा खातिर खाली रउआ अपना कार्ड पs मoजूद फोटो के बदलवावे के प्रोसेस के पूरा करे के होई आ ई बहुते आसान बा।

अइसे करीं फोटो चेंज

  • जदि रउआ अपना आधार कार्ड के फोटो के बदलल चाहत बानी, तs राउर कार्ड पs मवजूद आपन फोटो के बदलवावे के प्रक्रिया से गुजरे के पड़ी। एह प्रक्रिया के कुछ हिस्सा ऑनलाइन, तs कुछ हिस्सा ऑफलाइन पूरा कइल जा सकत बा। ऑफलाइन प्रक्रिया के आसान बनावे खातिर रउआ ऑनलाइन प्रोसेस के सहारा ले सकत बानी।
  • एकरा खातिर सबसे पहिले रउआ UIDAI के ऑफिशियल वेबसाइट पs जाये के होई। इहां से रउआ Aadhaar Enrolment/Correction Form के डाउनलोड कs लीं।
  • एह फॉर्म के भरके रउआ अपना नजदीकी आधार सेंटर पs जाये के होई।
  • अपना नजदीकी आधार केंद्र के बारे में पता लगावे खातिर रउआ UIDAI के वेबसाइट के इस्तेमाल कs सकत बानी। संगही रउआ एह वेबसाइट पs आपन अपॉइंटमेंटो बुक कs सकत बानी।

ऑफलाइन प्रोसेस

अब फोटो बदलवावे के ऑफलाइन प्रोसेस सुरू होला। फॉर्म के प्रिंटआउट लेला के बाद रउआ नजदीकी आधार सेंटर पs जाये के होई। जहां एगो एग्जिक्यूटिव राउर बायोमेट्रिक्स के माध्यम से राउर पहचान के वेरिफाई करी। इहवें कार्ड खातिर नया फोटो लिहल जाई। फोटो लेला के बाद ओकरा के अपडेट करे से पहिले रउआ ई चेक कs सकत बानी कि फोटो सही आइल बा कि ना। एकरा बाद रउआ के एगो सर्विस नंबर दिहल जाई। जवना के मदद से रउआ अपना अपडेट के स्टेटस ऑनलाइन चेक कs सकत बानी। बता दीं कि एह काम खातिर रउआ से 100 रुपिया के चार्ज लिहल जा सकत बा।

ध्यान देवे वाला बात

रउआ मिलल सर्विस नंबर के इस्तेमाल रउआ UIDAI के वेबसाइट पs आपन फोटो अपडेट के स्टेटस के ट्रैक करे के लिए कs सकत बा। एह अपडेट के पूरा होखे में 90 दिन तक के समय लाग सकत बा। एकरा बाद रउआ आपन अपडेटेड ई-आधार डाउनलोड कs सकत बानी। रउआ चाहीं, तs एगो नया प्लास्टिक आधार कार्ड के ऑर्डर दे सकत बानी। एकरा खातिर 50 रुपिया के अतिरिक्त चार्ज लागी। एकरा बाद रउआ आपन आईडी पs मवजूद फोटो से कवनाे शिकायत ना रही।

Read Also: Gorakhpur Rain: गोरखपुर में झमाझम बरखा से भइल आज दिन के सुरूआत, 7.2 डिग्री सेल्सियस लुढ़कल पारा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-