Gorakhpur Rain: गोरखपुर में झमाझम बरखा से भइल आज दिन के सुरूआत, 7.2 डिग्री सेल्सियस लुढ़कल पारा

By Anurag Ranjan

Published on: May 22, 2025

गोरखपुर : जेठ महीना में बरखा होखला से मौसम खुसगवार बनल बा। बुध के सबेरे बरखा होखे से तापमान के पारा 7.2 डिग्री सेल्सियस लुढ़क गइल। मौसम विभाग के अनुसार जिला में एह सीजन के

Share

गोरखपुर : जेठ महीना में बरखा होखला से मौसम खुसगवार बनल बा। बुध के सबेरे बरखा होखे से तापमान के पारा 7.2 डिग्री सेल्सियस लुढ़क गइल। मौसम विभाग के अनुसार जिला में एह सीजन के सर्वाधिक 23.4 मिलीमीटर बरखा भइल।

सुक आ सनीचर के बरखा के अनुमान बा। सबेरे साढ़े आठ बजे 0.3 मिमी पानी बरसल, जबकि सांझा साढ़े पांच बजे तक 23.1 मिलीमीटर बरखा दर्ज कइल गइल। 24 घंटा के भीतर ई आंकड़ा 23.4 मिलीमीटर पs पहुंच गइल।

मौसम विभाग से जुड़ल लोगन के कहनाम बा कि मई में आमतौर पs 37.3 मिलीमीटर बरखा पहिले भइल बा। अबकी बेर अभी तक कुल 27 मिलीमीटर बरखा हो चुकल बा। बरखा के कारण तापमान में गिरावट दर्ज कइल जा रहल बा। एहिसे बुध के दिन तापमान सामान्य से 7.5 डिग्री सेल्सियस नीचे चल गइल।

ई 30.7 डिग्री सेल्सियस पs बनल रहल, जबकि रात के न्यूनतम तापमान 25.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। बियफे के अफगानिस्तान में पश्चिमी विक्षोभ के सक्रिय होखे के असर सुक के दिखाई दिहल। बियफे के सांझ से चक्रवाती सिस्टम बनी। एह वजह से सुक आ सनीचर के तेज रफ्तार में हवा चलला के संगे बरखा आ कुछ जगहन पs ओला पड़े के संभावना जतावल गइल बा।

Read Also: MI vs DC: दिल्ली के उम्मीदन पs मुंबई फेरलस पानी, प्लेऑफ में पहुंचल; सूर्यकुमार के बाद सैंटनर-बुमराह चमकलें

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.