गोरखपुर: भाजपुरी भाषा के बढ़ावा देत आयोजित भइल ‘किस्सा कहानी’ के कार्यशाला

यायावरी क्लब आ सोना लाल झा शकुंतला देवी महिला महाविद्यालय के संयुक्त तत्वावधान में कहानी लेखन कार्यशाला के भईल आयोजन: फोटो

Share

 

भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग एप यायावरी वाया भोजपुरी के ओर से आजु सोमवार के सोना लाल झा शकुंतला देवी महिला महाविद्यालय में भोजपुरी ‘किस्सा कहानी’ कार्यशाला के आयोजन भइल। एह कार्यशाला के आयोजन के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के माध्यम से नवहन में कौशल विकास करे के बा।

एकरा पहिले कार्यशाला के विषय विशेषज्ञ सुधीर मिश्रा, यायावरी वाया भोजपुरी के परियाजोना अधिकारी गौरव मणि त्रिपाठी, यायावरी क्लब के मुख्य अधिकारी श्वेता सुप्रिया, महाविद्यालय के प्रबंधक इंजीनियर चंदेश्वर नारायण झा, प्राचार्य डॉक्टर प्रदीप कुमार द्विवेदी आ कोर्डिनेटर प्रियंका दिया जराके कार्यशाला के सुरुआत कइल लो। एकरा बाद शकुंतला देवी महिला महाविद्यालय के यायावरी क्लब द्वारा स्मृति चिन्ह से सम्मानित कईल गईल।

सम्मानित लोग: फोटो
सम्मानित लोग: फोटो

एक कार्यशाला में विषय विशेषज्ञ ‘ सुधीर मिश्रा’ विद्यार्थियन के कहानी लिखे के जरूरी पहलुअन से अवगत करवलें। ऊ कहलें कि ‘कहानी लिखे खातिर सबसे पहिले पाठक होखल जरूरी बा.’

आपन विचार रखत प्राचार्य कहलें कि ‘भोजपुरी बोले में हमनी के संकोच ना करे के चाहीं। मातृभाषा पs गरब करें के चाहीं। भोजपुरी साहित्य के दुनिया बहुत बड़ बा आ भोजपुरी के समृद्ध साहित्यकार एकरा के दुनिया में प्रतिष्ठित कइले बा लो।’

एह कार्यशाला में बढ़-चढ़ के भाग लिहली लो छात्रा: फोटो
एह कार्यशाला में बढ़-चढ़ के भाग लिहली लो छात्रा: फोटो

विषय विशेषज्ञ विद्यार्थियन से कहानी के जानकारी देत कहलें कि ‘कहानी के रुचिगर आ सरल होखे के चाहीं। जरूरत बा कि कहानी सुनल, पढ़ल आ जवना विषय पs कहानी लिखत बानी ओकरा बारे में ढंग से जानल। ऊ विद्यार्थियन के लिखल गइल कहानियन के बारे में चरचा कइलें आ नवहन के कहानी लिखे खातिर प्रेरित करत बड़ाई कईलें।

एह कार्यशाला में महाविद्यालय के छात्रा शामिल रहली आ ऊ लोग उत्साह से कहानी लिखली छात्रा लो के एह प्रयास देख के सभे सराहना कइल.

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-