Gorakhpur: डी0ए0वी0पी0जी0 कॉलेज में भइल ‘शिक्षा विमर्श’ पs संगोष्ठी के आयोजन

डी0ए0वी0पी0जी0 कॉलेज में 'शिक्षा विमर्श' पs संगोष्ठी के आयोजन: फोटो

Share

 

 

 

 

 

डी0ए0वी0पी0जी0 कॉलेज, गोरखपुर आ च्भ्ैै फाउन्डेशन, लखनऊ द्वारा एक दिवसीय संगोष्ठी, ‘शिक्षा विमर्श’ के आयोजन कइल गइल। जेमे मुख्य अतिथि के रूप में प्रो0 ईश्वर शरण विश्वकर्मा (भू0पू0 अध्यक्ष उच्चतर शिक्षा सेवा आयोग) आ विशिष्ट अतिथि प्रो0 राणा प्रताप सिंह (महासचिव च्भ्ैै फाउन्डेशन, लखनऊ) उपस्थित रहले। एह संगोष्ठी के शुभारम्भ माँ सरस्वती के प्रतिमा पs पुष्प अर्पण आ दिया प्रज्जवलन कs मुख्य अतिथि आ प्राचार्या, प्रो0 शैल पांडे द्वारा कइल गईल। एह अवसर पs मुख्य अतिथि महोदय के स्वागत डॉ0 संजय कुमार पाण्डेय द्वारा अंग वस्त्रम भेंट कs के कइल गइल। एह कार्यक्रम के संचालन डॉ0 संजय कुमार मिश्रा आ डॉ0 संजय कुमार के द्वारा कइल गइल।

इस कार्यक्रम में डॉ0 आशाराम वर्मा द्वारा प्रकाशित पुस्तक के विमोचन मुख्य अतिथि द्वारा कइल गइल। एह संगोष्ठी के मुख्य उद्वेश्य शिक्षा के विभिन्न आयाम जइसे शिक्षा आ राष्ट्र निर्माण, शिक्षा आ समाज कल्याण, शिक्षा आ सतत विकास, शिक्षा आ कौशल विकास पs कुल 30 प्रतिइगियन द्वारा चार गो सत्र मेें विचार प्रस्तुत कइल गइल, जेमे सरस्वती विद्या मन्दिर, मारवाड़ बिजनेस कालेज आ इस्लामिया कॉलेज ऑफ कामर्स के छात्र/छात्रा लो भी सहभागिता कइले । एह संगोष्ठी के मुख्य अतिथि प्रो0 ईश्वर शरण विश्वकर्मा शिक्षा आ पाठ्यक्रम के वर्तमान समय में उपयोगिता के साथे समाज के विकास के पारिवारिक स्तर पs सुदृढ़ कइले पs बल दिहले।

उक्त अवसर पs प्रो0 राणा प्रताप सिंह के द्वारा शिक्षा आ शोध के चुनौतियन पs व्याख्यान देत इs कहले कि “वर्तमान समय में शिक्षा आ शोध के व्यवहारिक जीवन में प्रयोग करत कालेज आ विश्वविद्यालय स्तर ले कइसे सुगम बनावल जा सकेला।”

डॉ0 वेद प्रकाश पाण्डेय मूल्य आधारित शिक्षा पs प्रकाश डालत कहले कि “वर्तमान समय में शिक्षा द्वारा ही अनुशासित आ आदर्श नागरिकन के निर्माण कइल जा सकेला।”

कार्यक्रम में सहभागिता करे वाला छात्र/छात्रा लो के सर्टिफिकेट आ मेडल प्रदान कs प्रोत्साहित कइल गइल। कार्यक्रम के सफल बनावे में डॉ0 विश्वदीपक सिंह, डॉ0 अभिषेक गुप्ता, डॉ0 रक्षा गुप्ता, डॉ0 सी0बी0 सिंह सेंगर, डॉ0 सुमन कुमार सिन्हा आ समस्त शिक्षकगण आ सहकर्मी आपन अमूल्य योगदान दिहले।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-