इंडोनेशिया के सेरम द्वीप पs सोमार 21 अप्रैल के 5.5 तीव्रता के भूकंप आइल जवना से लोग घबराहट में पड़ गइल. भूकंप के बारे में ई जानकारी जर्मन रिसर्च सेंटर फॉर जियोसाइंसेज (GFZ) द्वारा दिहल गइल बा आ एकरे अनुसार भूकंप के केन्द्र जमीन से 10 किलोमीटर नीचे के गहिराई पs रहल, जेकरा चलते भूकंप के जोरदार झटका महसूस कइल गइल। हालांकि फिलहाल एs भूकंप के चलते केहु के घाही होखे चाहे कवनो प्रकार के नुकसान के कवनो खबर नईखे। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक, सुलावेसी के इंसेरम द्वीप पs कोटामोबागु के दक्षिण-पूर्व में रात 11:50 बजे (आईएसटी) आईल भूकंप आईल।
A magnitude 5.5 earthquake took place in the Ceram Sea, Indonesia at 18:19 UTC (7 minutes ago). The depth was 10km and was reported by GFZ. #earthquake #earthquakes #Gempa #Indonesia pic.twitter.com/qC6XrTn1xA
— Earthquake Alerts (@QuakeAlerts) April 20, 2025
आईं बता दीं कि 19 अप्रैल शनिचर के दुपहरिया में दिल्ली समेत उत्तर भारत के कई इलाका में भूकंप के हल्का भूकंप महसूस भईल। पृथ्वी विज्ञान मंत्रालय के राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र (एनसीएस) के मुताबिक भूकंप रात 12:18 बजे आईल।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन