[the_ad_group id="30365"]

कनाडा: बस के इंतजार करत रहे भारतीय छात्रा, तबे होखे लागल अंधाधुंध फायरिंग, सीना में गोली लगले से चल गईल जान

कनाडा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कनाडा में एगो 21 साल के भारतीय छात्रा के एगो बस स्टॉप पs काम पs जाए के इंतजार करत गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। ओकरा बाद एगो कार के भीतर से अंधाधुंध गोलीबारी भईल अवुरी एक गोली लईकी के लागल। एकरा चलते उs आपन जान गंवा देलस। मरेवाली लईकी के पहचान हरसिमरत रंधवा के रूप में भईल बा। उs ओंटारियो के हैमिल्टन में मोहॉक कॉलेज में छात्रा रहली।

मरेवाला छात्रा निर्दोष रहे

बुध के दिने भइल एह हत्या के जाँच हैमिल्टन पुलिस करत बिया. पुलिस के कहनाम बा कि मरेवाला छात्रा रंधवा निर्दोष रहे। एह मामिला पs अउरी जानकारी देत ​​टोरंटो में भारत के महावाणिज्य दूतावास बियफे के दिने सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs एगो पोस्ट में कहलसि कि, ओंटारियो के हैमिल्टन में भारतीय छात्र हरसिमरत रंधवा के दुखद मौत से हमनी के सभे बहुते दुखी बानी जा. 

दू गो गाड़ियन में गोलीबारी भइल

स्थानीय पुलिस के मुताबिक उs एगो निर्दोष छात्रा रहली, जवन कि दु गाड़ी के गोलीबारी के घटना के शिकार हो गईल रहली। पुलिस हत्या के छानबीन में जुटल बिया। पुलिस अधिकारी मरेवाली लईकी के परिवार से संपर्क करे में व्यस्त बाड़े। मरेवाला के परिवार के सभे जरुरी सहायता दिहल जाई। 

फायरिंग के बाद गाड़ी में सवार सवार फरार हो गईल

पुलिस के कहल बा कि एगो करिया रंग के कार में सवार एगो सफेद रंग के सेडान पs गोली चला दिहलसि. ओकरा बाद बस स्टैंड पs खड़ा एगो लईकी के गोली लागल। फायरिंग के घटना के तुरंत बाद करिया कार में सवार लोग मौका से फरार हो गईले। पास के एगो घर के पीछे के खिड़की में भी गोली घुस गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]