Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पऽ चलत कार में युवती से दुष्कर्म

283
Google Ads 300*250 for posts

एगो लईकी के बिना परीक्षा दिहले शैक्षणिक प्रमाणपत्र देहे खातिर बोला के दुष्कर्म कइल गइल। साथ ही ओकरा से 15 हजार रुपया ले लिहल गइल। इ सनसनीखेज अपराध कइला के बाद आरोपी आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस पs छोड़ के भाग गइले।

उत्तर प्रदेश के आगरा जिला के न्यू आगरा थाना क्षेत्र के निवासी एगो लइकी के संगे आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs बलात्कार के सनसनीखेज घटना भइल। फेसबुक पs विज्ञापन देख के लइकी आरोपी के जाल में फंस गइल। लइकी के आगरा से लखनऊ बोलावल गइल आ फेर सुनसान जगह पs गाड़ी रोक के ओकरा संगे दुष्कर्म कइले। एकरा बाद उऽ आरोपी ओकरा के रास्ता में छोड़ के भाग गइले। आरोपी लइकी के अश्लील वीडियो बनवले रहले। शिकायत कइला पs वायरल करे के धमकी देले रहले। आगरा में जब लइकी के सुनवाई ना भइल तऽ उऽ लखनऊ के पारा थाना में शिकायत दर्ज करवली। पुलिस आरोपी के तलाश कर रहलऽ बिया।

लइकी पुलिस के बतवलस कि उऽ फेसबुक प एगो विज्ञापन देखली। एमें घर में बइठ के शैक्षणिक प्रमाणपत्र बनावे के विज्ञापन दिहल गइल रहे। दिहल नंबर पs संपर्क कइला पs राकेश कुमार नांव के एगो आदमी से बात भइल। राकेश बतवले कि बिना कवनो परीक्षा दिहले 30 हजार रुपया में बनल शैक्षणिक प्रमाणपत्र करा दिहे। काम होखे से पहिले पचास प्रतिशत पइसा अउरी काम के बाद 50 प्रतिशत देवे के कहल गइल। लइकी यूपीआई नंबर में 15 हजार रुपया ट्रांसफर कऽ देलस। राकेश अपना व्हाट्सएप पs अपना नाम से शैक्षणिक प्रमाणपत्र तइयार कऽ के भेज दिहलनम उनुका के 10 मई के लखनऊ बोलावल गइल रहे, प्रमाणपत्र लेवे खातिर।

एक्सप्रेसवे पऽ मिलले दु गो युवक 

लइकी पुलिस के बतवलस कि ओकरा के आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे प बोलावल गइल। गाड़ी के नंबरो भेजले रहले। पारा थाना क्षेत्र के एक्सप्रेसवे पs कार में राकेश अवुरी श्रीनिवास नाम के दु युवक मिलल। दुनु जाना उनका के गाड़ी में बइठा लिहले आ एक्सप्रेसवे पर गाड़ी चलावे लगले। सुनसान जगह पs गाड़ी रोकला के बाद श्रीनिवास उनका संगे दुष्कर्म कइले। जबकि राकेश गाड़ी के बहरी खड़ा होके ओकर पहरा देवे लगले। लइकी बतवलस कि दुनो लोग उनकर अश्लील वीडियो अउरी फोटो बनवले बाड़े। शिकायत के वायरल करे के धमकी देले रहले।

न्यू आगरा पुलिस टरका देलस

लइकी बतवलस कि आरोपी ओकरा के लखनऊ एक्सप्रेसवे पs छोड़ के भाग गइले। कवनो तरह से उऽ आगरा में अपना घरे आ गइली। घर में उऽ अपना कष्ट के बखान कइली। उ अपना परिवार के संगे शिकायत दर्ज करावे खाती न्यू आगरा थाना गइली। बाकिर आगरा पुलिस पारा थाना में भइल घटना के बतावला के बाद उनका के वापस क देलस।

शनिचर के उऽ लखनऊ के पारा थाना में मामला दर्ज करवली। पारा थाना राकेश आ श्रीनिवास के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवली। पुलिस दुनो आरोपी के तलाश में जुटल बिया।

 

960550cookie-checkआगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पऽ चलत कार में युवती से दुष्कर्म

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.