Bihar Crime: सनकी पति पत्नी के कटलस गर्दन, फेर मुरी हाथ में लेके घूमे लागल
सोमवार के सबेरे मधेपुरा के श्रीनगर थाना क्षेत्र के तहत पोखरिया टोला वार्ड-2 में एगो पागल पति अपना पत्नी के गर्दन दाब से काट के हत्या कऽ देलस। हत्या कइला के बाद आरोपी पति अपना पत्नी के कटल सिर हाथ में लेके एने – ओने घूमत रहे। इ देख के गाँव में सनसनी पसर गइल। हालांकि पुलिस आरोपी पति के गिरफ्तार कऽ लेले बिया।
मुख्यालय के डीएसपी मनोज मोहन बतवले कि सोमवार के सबेरे करीब 7 बजे श्रीनगर थाना प्रमुख के सूचना मिलल कि एगो आदमी अपना पत्नी पूजा देवी के गला तेज चाकू से काट के हत्या कऽ देले बा। पुलिस तुरंत कार्रवाई करत घटना के मुख्य आरोपी अर्जुन शर्मा के गिरफ्तार कऽ लेलस। उ बतवले कि लाश के पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेजल गइल बा। संगही घटना में इस्तेमाल भइल दाब के बरामद कऽ के जब्त कऽ लिहल गइल बा।
बतावल जाता कि आरोपी अपना पत्नी के धड़ के माथा से अलग कऽ देलस। माथा काटला के बाद हाथ में लेके एने -ओने घूमत रहले, जवना से जनता में सनसनी पैदा हो गइल। एकरा संगे-संगे ए बारे में जानकारी मिलला के बाद पुलिस सक्रिय हो गइल आ आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेलस।
गाँव के लोग के कहनाम बा कि आरोपी पति अर्जुन शर्मा नाजायज संबंध के शक में अपना पत्नी के गला तेज दाब से काट देलस। फिलहाल पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कऽ के महिला के लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया।
ग्रामीण मो. नाजिर बतवले कि आरोपी अर्जुन हाथ में बैग लेके थाना के ओर आवत रहले। बैग से खून टपकत रहे। एही बीच एगो पुलिसकर्मी ओकरा के रोक दिहलस। तब सब लोग झोरा में कटल माथा देख के स्तब्ध हो गइल। एकरा बाद पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कऽ लेलस। जब उनका से पूछल गइल कि तू अपना पत्नी के हत्या काहें कइलऽ तऽ उऽ कहले कि एकर नाजायज संबंध रहे। एकरा बाद ओकरा के कटल सिर के संगे थाना लिआवल गइल।
Comments are closed.