Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कलेक्टर से मिले आइल अजमेर से एगो लइका : गार्ड से कहलस – मत बताएब , हम सीईओ के बेटा हईं, पर्ची लेके चैम्बर के बहरी बइठल रहे

191
Google Ads 300*250 for posts

 

पाली कलेक्टर कार्यालय के बहरी 12 साल के लईका बईठल रहे। पूछला पे उ कहले कि उनुका कलेक्टर से मिले के बा। देखल चाहत बानी कि कवनो आईएएस अधिलुकारी आम लोग से कइसे बात करेला। आखिर हमहूँ बड़ होके आईएएस ऑफिसर बने के चाहत बानी, एहसे हमहूँ उनुका से गाइडलाइन ले लेब।

लइका हाथ में पर्ची लेके बइठल रहे

दरअसल रविवार के सांझ के करीब 5.15 बजे पाली के कलेक्टर नमित मेहता के चैम्बर के बहरी आयान शर्मा नाम के एगो लईका बईठल रहे। उ बतवले कि उ अजमेर के मयूर स्कूल में कक्षा 6 में पढ़तारे। माई इहाँ काम करेली, त पाली आइल बानी। लइका के हाथ में पर्ची रहे। जवना में कलेक्टर से मिले आ मिले के कारण लिखल रहे।

कलेक्टर के करीब सवा घंटा कईले इंतजार

कलेक्टर महंगाई राहत शिविर के बैठक में गईल रहले। अयीसना में बच्चा के करीब सवा घंटा इंतजार करे के पड़ल। कलेक्टर के अईला पे बच्चा के उनकरा चैंबर में भेज दिहल गईल। आयान करीब 10 मिनट तक कलेक्टर के कक्ष में रहले।

कलेक्टर से कहलस कि बड़ होके आईएएस अधिकारी बने के मन करेला। एही से कलेक्टर के काम करे के शैली का होला, आम जनता के साथे ओकर व्यवहार कईसे होला। ई देखल चाहत रहनी।कलेक्टर से पूछले कि आईएएस ऑफिसर बने खातिर का करे के पड़ी। कलेक्टर भी उनका के मार्गदर्शन कइले।

कलेक्टर लिहने आईक्यू टेस्ट 

कलेक्टर नमित मेहता 12 साल के आयान से बहुत सवाल पूछले। उ पूछले कि राजस्थान के मुख्य सचिव के ह? अजमेर कलेक्टर के नाम का बा?, आईएएस के तनखाह का बा?, देश के पहिला प्रधानमंत्री आ राष्ट्रपति के रहले? राउर स्कूल के नाम का ह ?, प्रिंसिपल के ह, कई गो अइसन सवाल पूछल गईल, जवना के जवाब तुरंत आयान शर्मा दे देले।

एह पे कलेक्टर इहो कहले कि रउरा बड़ होके आईएएस ऑफिसर जरूर बनब। काहे कि जब हम राउर उमिर के रहनी त हमहूँ ओतना ना जानत रहनी। कलेक्टर उनुका के नियमित रूप से न्यूज पेपर पढ़े के सलाह भी देले।

 

 

530240cookie-checkकलेक्टर से मिले आइल अजमेर से एगो लइका : गार्ड से कहलस – मत बताएब , हम सीईओ के बेटा हईं, पर्ची लेके चैम्बर के बहरी बइठल रहे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.