पानी के तेज प्रवाह में फंसल यात्रियन से भरल बस, बचावे गइल ट्रक फंस गइल, अइसे बचल सभ के जान

पानी के तेज प्रवाह में फंसल यात्रियन से भरल बस: फोटो

Share

 

 

गुजरात में अबहियो बरसात के मौसम जारी बा. एह बरखा के चलते काल्हु रात कुछ लोग के जान खतरा में पड़ गइल. दरअसल, भावनगर के कोलियाद के लगे मालेश्री नदी के जलस्तर में काफी बढ़ोतरी भईल। एकरा बाद यात्री से भरल बस पानी के तेज बहाव में फंस गईल। जानकारी के मुताबिक जब बस पानी के बहाव में फंस गईल तs 29 यात्री रहले, जवना के जान खतरा में रहे। बाकिर इs राहत के बात बा कि मेहनत के बाद एनडीआरएफ अब सबके बचा लेले बा।

बहत पानी में फंसल यात्री से भरल बस

बता दीं कि मालेश्री नदी के पानी के स्तर बढ़ला के बाद भीतर 29 यात्री वाला एगो बस पानी के तेज बहाव में फंस गईल। देर रात बस बहत पानी में फंसला के चलते सभ यात्री के जान खतरा में पड़ गईल। बता दीं कि बस में सफर करे वाला सगरी यात्री तमिलनाडु के रहले. इs जानकारी मिलला के तुरंत बाद एगो ट्रक के संगे बचाव दल के मौका पs भेजल गईल। उहाँ बचाव दल सभ लोग के बस से उतार के ट्रक में बईठा दिहलस, बाकिर पानी के बहाव एतना जादा रहे कि ट्रक भी पानी में फंस गईल।

पानी के तेज धारा में यात्री अवुरी बचावे खातीर गईल बचाव दल के फंसला के बाद एनडीआरएफ बचाव अभियान शुरू कईलस। एह ऑपरेशन में करीब 2 घंटा लागल बाकिर राहत के बात बा कि एनडीआरएफ सभ लोग के सुरक्षित तरीका से बचा लिहलस। बता दीं कि पानी के तेज बहाव के बीच लोग के बचावे खातिर एनडीआरएफ एगो मानव श्रृंखला बनवलस अवुरी ओकरा माध्यम से सभके सुरक्षित बाहर निकललस।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-