कार के अंदर मिलल एके परिवार के 5 लो के शव, सामूहिक खुदकुशी के आशंका; जांच में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2024

  जिला के नमनसमुद्रम पुलिस स्टेशन लिमिट्स में एगो घर के बहरी खड़ा एगो कार में 5 शव मिलला से सनसनी फइल गइल। बुध के सबेरे तिरुचि-कारईकुडी राष्ट्रीय राजमार्ग पs नमनसमुद्रम के लगे एगो भवन

Share

 

जिला के नमनसमुद्रम पुलिस स्टेशन लिमिट्स में एगो घर के बहरी खड़ा एगो कार में 5 शव मिलला से सनसनी फइल गइल। बुध के सबेरे तिरुचि-कारईकुडी राष्ट्रीय राजमार्ग पs नमनसमुद्रम के लगे एगो भवन के बहरी खड़ा एगो कार में एगो परिवार के पाँच गो सदस्य मरल मिलल. पुलिस के मुताबिक इs सभ तमिलनाडु के सेलम के निवासी रहले। पुलिस टीम एs मामला के छानबीन में व्यस्त बिया। फिलहाल सभ शव के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा। बतावल जाता कि मणिगंडन नाम के एगो आदमी कारोबार खातीर लोन लेले रहे, जवन कि काफी जादा हो गईल रहे। एह दबाव में परिवार के सभ लोग जहर देके आत्महत्या कs लेले।

मरेवाला सभे एकही परिवार के हवे

मरेवाला लोग के पहचान 50 साल के मणिगंडन, उनुकर पत्नी नित्या (48 साल), उनुकर महतारी सरोजा (70 साल), बेटी निहारिका (22 साल) अवुरी बेटा धीरन (20 साल) के रूप में भईल बा। इs सभ लोग सेलम जिला के स्टेट बैंक कॉलोनी के निवासी रहले। स्थानीय लोग सबेरे 9s बजे इलानकुडीपट्टी के एगो मठ के सामने खड़ा कार के देख के पुलिस के सूचना देले।

पुदुकोट्टई जिला के नमनसमुद्रम पुलिस सभ शव के बरामद कs के पोस्टमार्टम खातीर गवर्नमेंट मेडिकल कॉलेज अस्पताल, पुदुकोट्टई भेज देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि, प्रारंभिक जांच के मुताबिक सभ लोग जहर के सेवन कs के आत्महत्या कs लेले होखे के आशंका बा। हालांकि सामूहिक आत्महत्या के कारण अबे ले पता नईखे चलल।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.