Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुब्बारा लेलस 13 साल के बच्चा के जान, हवा भरत घरी गला में अटकल बैलून

148
Google Ads 300*250 for posts

परिवार छात्र के पठानकोट के एगो निजी अस्पताल ले गइल। बतावल जाता कि इहाँ के डॉक्टर छात्र के गर्दन से गुब्बारा निकाल देले, बाकिर ओकर हालत में कवनो सुधार ना भइल। रात के करीब 11 बजे ओकर मौत हो गइल।

हिमाचल प्रदेश के कांगड़ा जिला में एगो दर्दनाक घटना सोझा आइल बा। इहाँ एगो 13 साल के लइका के मौत हो गइल। असल में गुब्बारा लइका के गर्दन में फंसल रहे। जवना से ओकर हालत अउरी खराब हो गइल। ओकरा साँस लेबे में परेशानी होखे लागल। परिवार के लोग तुरंत अस्पताल ले गइले। बच्चा के गंभीर हालत देख बच्चा के परिवार ओकरा के पठानकोट के एगो निजी अस्पताल ले गइल। डॉक्टर बच्चा के गर्दन में फंसल गुब्बारा के निकाल देले बाकिर ओकर हालत में कवनो सुधार ना भइल। रात के करीब 11 बजे लइका के मौत हो गइल।

दुर्घटना कइसे भइल?

इ मामला हिमाचल प्रदेश के कांगड़ा जिला के जवाली के ह। जहां 13 साल के विवेक एगो सरकारी स्कूल में पढ़त रहले। स्कूल के बाद उऽ घरे रवाना हो गइले। एही दौरान उऽ रास्ता में गुब्बारा फुलावे लगले। गुब्बारा फुलावे के दौरान भइल इ दुर्घटना। अचानक गुब्बारा से हवा निकलल आ जोर से गुब्बारा उनका मुँह के भीतर चल गइल। विवेक के गला में गुब्बारा फंस गइल आ उनकर हालत अउरी खराब हो गइल। एह दुर्घटना के जानकारी मिलते स्कूल के शिक्षक उनका के निजी अस्पताल ले गइले।

परिवार निजी अस्पताल ले गइल

जब बच्चा के हालत गंभीर हो गइल तऽ बच्चा के परिवार ओकरा के पंजाब के पठानकोट के अमनदीप अस्पताल ले गइल। एहिजा डाक्टर विवेक के गर्दन से गुब्बारे निकाल दिहले बाकिर ओकर जान ना बचा पवले। रात के करीब 11 बजे विवेक के निधन हो गइल। विवेक के परिवार के लोग बतवले कि उऽ 8वीं में पढ़त रहले। उनकर एगो बड़ बहिनो बाड़ी जे बारहवीं कक्षा में पढ़ेली।

951670cookie-checkगुब्बारा लेलस 13 साल के बच्चा के जान, हवा भरत घरी गला में अटकल बैलून

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.