Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सस्ता iPhone लॉन्च करे के तइयारी में Apple, 48MP प्राइमरी कैमरा आ A18 चिप से होई लैस

66

Apple आपन सबसे एडवांस iPhone 16 सीरीज के ग्लोबली लॉन्च करे के बाद कई गो नया प्रोडक्ट पऽ काम कइल शुरू कऽ देले बा। एमें से एगो iPhone SE 4 बा। जवना पऽ कंपनी कथित रूप से काम कर रहल बिया। एकरा से दूसर आईफोन के तुलना में अफोर्डेबल प्राइस रेंज में लॉन्च कइल जाए के उम्मीद बा। लॉन्च से पहिले एकरा बारे में तमाम तरह के जानकारी सामने आ चुकल बा।

बता दी कि एपल iPhone SE के पिछला वेरिएंट 2022 में पेश कइले रहे। हाल की रिपोर्ट्स से संकेत मिलत बा कि iPhone SE 4 के डिजाइन iPhone 14 से काफी मिलत-जुलत हो सकऽता। एकरा बारे में अब तक जवन डिटेल सामने आइल बा।ओकरा बारे में इहाँ बताव तानी।

का अगिला साल एंट्री होई?

बहुत रिपोर्ट में कहल गइल बा कि एप्पल ए साल के अंत में आईफोन एसई 4 के बड़ पैमाना पऽ उत्पादन शुरू कऽ सकऽता। दिसंबर के आसपास ई काम होखे के उमेद बा। कहल जाता कि आईफोन SE4 अप्रैल 2025 में आधिकारिक तौर पऽ आ सकऽता। याद राखीं कि एप्पल एह बारे में आधिकारिक तौर पऽ कुछ नइखे कहले। बाकिर एह बारे में बहुते खबर सामने आइल बा।

डेटाबेस में हुआ लिस्ट

बतावल जाता कि ए डिवाइस के एप्पल के डेटाबेस में कोड नाम V59 के तहत सूचीबद्ध कइल गइल बा। हाल ही में एगो टिपस्टर कथित आईफोन एसई (2025) केस के तस्वीर सोशल मीडिया प शेयर कउऽले, जवना में एकर बैक पैनल देखावल गइल बा। जवन कि आईफोन 7 प्लस के डिजाइन से मिलत जुलत बा। एकरा में डबल रियर कैमरा सेटअप दिहल गईल बा।

48MP के प्राथमिक कैमरा सेटअप बा

स्पेसिफिकेशन के मामला में आईफोन एसई 4 में 6.6 इंच के डिस्प्ले होखे के उम्मेद बा आ संभव बा कि इ ए सीरीज के पहिला मॉडल होई, जवना में 48MP के कैमरा दिहल जाई। ओएलईडी डिस्प्ले 60Hz रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करी।

ए18 बायोनिक चिपसेट मिल जाई

नयका आईफोन एसई4 के परफॉर्मेंस खातिर लेटेस्ट ए18 बायोनिक चिपसेट मिल सकऽता। इ 8GB LPDDR5 रैम के सपोर्ट करी। स्टोरेज विकल्प में 128GB, 256GB, अवरू 512GB के वेरिएंट शामिल होखे के उम्मेद बा।  पिछला पीढ़ी के आइफोन के मुक़ाबला में इ आईफोन के बहुत अपग्रेड फीचर के संगे ले आवल जाता। कंपनी सस्ती सेगमेंट में एआई फीचर दे सकेले।

 

997050cookie-checkसस्ता iPhone लॉन्च करे के तइयारी में Apple, 48MP प्राइमरी कैमरा आ A18 चिप से होई लैस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.