Breaking: मुंबई के बांद्रा रेलवे स्टेशन के प्लेटफॉर्म पs मचल भगदड़, कइयन लोगन के घायल होखे के खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 27, 2024

मुबई के बांद्रा रेलवे स्टेशन पs टर्मिनस नव के प्लेटफॉर्म नंबर एक पs भगदड़ के खबर बा। स्टेशन पs भारी भीड़ के वजह से भगदड़ भइल एह भगदड़ में कइयन लोग घायल बा। जेकरा के

Share

मुबई के बांद्रा रेलवे स्टेशन पs टर्मिनस नव के प्लेटफॉर्म नंबर एक पs भगदड़ के खबर बा। स्टेशन पs भारी भीड़ के वजह से भगदड़ भइल एह भगदड़ में कइयन लोग घायल बा। जेकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

घटना देर रात के हs। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, त्योहारन पs घरे जाये खातिर रेलवे स्टेशन पs भारी भीड़ रहे। जइसही रात करीब दु बजे बांद्रा रेलवे स्टेशन पs बांद्रा-गोरखपुर एक्सप्रेस ट्रेन आइल तs ओमे चढ़े खातिर धक्का-मुक्की सुरू हो गइल। एह पs उहां मवजूद पुलिसकर्मी हालात के नियंत्रित करे के कोसिस कइल लो, बाकिर भीड़ जादे रहे कि हालात बेकाबू हो गइल आ उहां भगदड़ मच गइल।

एह भगदड़ में कुचलल गइला से नव लोग घायल भइल बा। जेमे से कुछ के हालत गंभीर बा। घायलन के अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.