[the_ad_group id="30365"]

काशी में सीएम योगी: संस्कृत छात्रवृत्ति योजना के कइलें शुभारंभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एतवार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सम्पूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय में संस्कृत छात्रवृत्ति योजना के शुभारंभ कइले। एह दौरान मुख्यमंत्री योगी के बटन दबावते पईसा राज्य के 69,512 छात्र के खाता में पहुंच गइल। पहिला बेर जब प्रथमा से आचार्य तक के छात्र के एक संगे छात्रवृत्ति दिहल गइल।

संपूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय में आयोजित दीक्षांत समारोह में भाग लेबे खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ एतवार के सबेरे 11 बजे पहुंचले। उऽ पहिला बेर राज्य के संस्कृत छात्र खाती छात्रवृत्ति योजना के शुरुआत कइले। बता दीं कि राज्य सरकार 23 साल बाद संस्कृत छात्रवृत्ति योजना में संशोधन कइले बिया। दर बढ़ावे के संगे-संगे पात्रता के शर्त में ढील दिहल गइल बा।

संपूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय आ संबद्ध कॉलेज आ संस्कृत स्कूलन के विद्यार्थियन के एके साथे छात्रवृत्ति दिहल गइल तऽ सभकर चेहरा चमक उठल। अबहीं तक एक लाख 21 हजार 977 छात्र छात्रवृत्ति खाती रजिस्ट्रेशन करा चुकल बाड़े आ 69,512 छात्र आवेदन कइले बाड़े। पहिला बेर प्राथमिक स्तर (कक्षा 6 से 8 तक) से छात्रवृत्ति के प्रावधान कइल गइल बा। छात्र के अभिभावक के आय सीमा के प्रतिबंध हटा दिहल गइल बा।

प्राथमा से लेके आचार्य तक के पढ़ाई करेवाला सभ छात्र के संशोधित छात्रवृत्ति योजना के लाभ मिली। वित्तीय वर्ष 2024-25 में संशोधित संस्कृत छात्रवृत्ति योजना के संचालन पहिले निहन ऑफलाइन कइल जाई। ऑनलाइन सिस्टम के वित्तीय वर्ष 2025-26 से लागू कइल जाई। साल में दू बेर भुगतान कइल जाई। पहिला किस्त दशहरा से पहिले आ दुसरका किस्त होली से पहिले दिहल जाई। चालू वित्तीय वर्ष में 10 करोड़ रुपया के राशि छात्रवृत्ति खाती मंजूरी दिहल गइल। पहिला किस्त के रकम 5.86 करोड़ जिला में भेजल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]