Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Ara News: आरा के सरकारी स्कूल में पिस्टल लेकर पहुंचे 7वीं के छात्र

39

स्कूल में पढ़े वाला बच्चा अब किताब के जगह अवैध हथियार से वीडियो रील बनावे शुरू कऽ देले बाड़े। भोजपुर जिला में ताजा मामला सामने आइल बा। बदरा थाना क्षेत्र के अपग्रेड मिडिल स्कूल पैगा के छात्रन के अवैध देश निर्मित पिस्तौल लेके इंटरनेट मीडिया पऽ रील बनावे के एगो बड़ मामला सोझा आइल बा।

वीडियो वायरल होखला के बाद पुलिस हेडमास्टर के शिकायत पऽ कार्रवाई कऽ के पांच स्कूली बच्चा के हिरासत में ले लेलस। सब सातवीं आ आठवीं कक्षा के छात्र हउवे। एह लोग के लगे से 315 बोर के पिस्तौल अउरी कारतूस बरामद भइल बा। एसपी राज इ जानकारी देले। एकरा बारे में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा।

991220cookie-checkAra News: आरा के सरकारी स्कूल में पिस्टल लेकर पहुंचे 7वीं के छात्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.