Karwa Chauth Moon Time: एs बेर एतना बजे निकली चांद, जानीं अपनी शहर में चांद निकलले के समय 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 19, 2024

    करवा चौथ के परब 20 अक्टूबर अतवार के देश भर में मनावल जाई। हिन्दू धर्म में करवा चौथ के बियाहल औरतन के सबसे बड़ परब मानल जाला। करवा चौथ के परब कार्तिक महीना

Share

करवा चौथ

 

 

करवा चौथ के परब 20 अक्टूबर अतवार के देश भर में मनावल जाई। हिन्दू धर्म में करवा चौथ के बियाहल औरतन के सबसे बड़ परब मानल जाला। करवा चौथ के परब कार्तिक महीना के कृष्ण पक्ष के चतुर्थी तिथि के मनावल जाला। एह दिन शादीशुदा मेहरारू अपना पति के लमहर उमिर खातिर उपवास करेली. करवा चौथ पूरा उत्तर भारत में हिन्दू महिला लोग में सबसे ज्यादा मनावल जाला – खासकर दिल्ली, हरियाणा, राजस्थान, उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश, बिहार आदि राज्यन में। एह दिन मेहरारू लोग सूर्योदय से ले के चंद्रमा के उदय ले निर्जला व्रत करेले। आ अपना पति के लमहर उमिर के कामना करत बाड़ी. चंद्रमा देखला के बाद ही व्रत टूट जाला। तs आईं जानी कि चाँद उगला के समय का होला।

राउर शहर में चांद निकलले के समय

लखनऊ- रात 07:42

कानपुर- रात 07:42

दिल्ली- रात 07:53

नोएडा- रात 07:52

पटना- रात 07:29

कोलकाता-रात 07:22

हिन्दू धर्म में करवा चौथ के बियाहल औरतन के सबसे बड़ परब मानल जाला। एह दिन मेहरारू लोग सूर्योदय से ले के चंद्रमा के उदय ले निर्जला व्रत करेले। आ अपना पति के लमहर उमिर के कामना करेली. फेरु साँझ के चाँद उगला के बाद उs आपन व्रत तोड़ देली।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.