Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News : जहरीली शराब कांड पऽ सीएम नीतीश कुमार के एक्शन

208

सीएम नीतीश कुमार बिहार के सारण अउरी सिवान में जहरीला शराब के घटना के गंभीरता से लेले बाड़े। सीएम पटना में उच्च स्तरीय समीक्षा बइठक करवले। एकर मुख्यमंत्री निषेध, उत्पाद आ निबंधन विभाग के सचिव के मौका पऽ जाके पूरा इस्थिति के जानकारी लेवे अउरी सभ बिंदु पऽ पूरा तरीका से जांच करे के निर्देश देले। मुख्यमंत्री एडीजी (निषेध) के पूरा टीम के मौका पऽ जाके एकर पूरा जांच करे आ ए घटना में शामिल लोग के खिलाफ कड़ा कार्रवाई करे के निर्देश देले।

सीएम कहले- शराब पीयल बुरा बात हऽ

मुख्यमंत्री पुलिस महानिदेशक के निर्देश देले कि उऽ अपना स्तर से पूरा घटना के लगातार निगरानी करे आ एह घटना के दोषी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई सुनिश्चित करे। राज्य के जनता से अपील करत मुख्यमंत्री कहले कि शराब पीयल बुरा बात हऽ, इ बात समझे के चाहीं। शराब पियला से स्वास्थ्य के नुकसान तऽ होखेला बलुक परिवार अउरी समाज में अशांति के माहौल बनेला। राज्य में पूरा निषेध लागू बा। सब लोग एकर पालन कर रहल बा। कुछ असामाजिक तत्व समाज में अशांति पैदा कइल चाहतारे। लोग के इनका से सावधान रहे के चाहीं।

 

990530cookie-checkBihar News : जहरीली शराब कांड पऽ सीएम नीतीश कुमार के एक्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.