[the_ad_group id="30365"]

पिता-पुत्र पर बीच सड़क अपराधी कइलें सs फायरिंग: बारात से लवटत रहे लो, गोलीबारी में बेटा के कमर में लागल गोली, इलाज जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में बारात से लवट रहल बाप आ बेटा पs अपराधी गोली चला देलें सs। बेटा के कमर में गोली लागल बा। जेमे ऊ गंभीर रूप से घायल बा। घटना सीवान जिला के महाराजगंज थाना अंतर्गत आकाशी मोड़ के लगे के हs। पीड़ित दारौंदा थाना क्षेत्र के रामचंद्रपुर गांव निवासी विजय कुमार के लईका चंदन कुमार (32) हवे।

घटना के लेके विजय कुमार कहलें कि हम अपना बेटा के संगे बारात में गइल रहनी। बारात महाराजगंज थाना क्षेत्र के बलिया कोठी में गइल रहे। बारात से वापस लवटे के क्रम में बुध के सबेरे रात करीब 3:30 बजे अपराधी आकाशी मोड़ के लगे फायरिंग सुरू कs देलें सs।

अपराधी चलवलें सs दु गोली

ऊ बतवलें कि उनका ऊपर दुगो गोली चलावल गइल। बाइक चला रहल चंदन के कमर में गोली लागल बा। बाइक पs सवार दु के संख्या में अपराधी रहलें सs। जवन पीछा कs के उनका ऊपर गोली चलवले बाड़ें सs। घायल के आनन-फानन में सीवान के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा। जहां डॉक्टर लोग प्राथमिक उपचार कs के इस्थिति गंभीर देख बेहतर इलाज खातिर पटना रेफर कs दिहल। परिजन उनका के पटना लेके चल गइल बा लो।

महाराजगंज थाना अध्यक्ष प्रमोद कुमार कहलें कि गोलीबारी के सूचना मिलल बा। पुलिस ममिला के छानबीन में जुट गइल बिया। परिजनन के आवेदन पs पुलिस आगे के कार्रवाई करी।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]