Rajouri:राजौरी में आतंकियन से मुठभेड़ में 2 जवान शहीद, एक अफसर समेत 4 जवान घायल; दुनु ओर से गोलीबारी जारी

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2023

  राजौरी : जम्मू-कश्मीर के राजौरी में आतंकियन से भईल मुठभेड़ में दु जवान शहीद हो गईले, जबकि एक अधिकारी अवुरी 4 जवान घाही होखे के बात कहल जाता। सुरक्षा बल 2 से 3 आतंकी

Share

 

राजौरी : जम्मू-कश्मीर के राजौरी में आतंकियन से भईल मुठभेड़ में दु जवान शहीद हो गईले, जबकि एक अधिकारी अवुरी 4 जवान घाही होखे के बात कहल जाता। सुरक्षा बल 2 से 3 आतंकी के घेरले बा। राजौरी जिला के बनयारी पर्वतीय इलाका के डोक में दुनो ओर से फायरिंग चलता।

 

एगो अधिकारी बतवले कि पुलिस, सेना अवुरी सीआरपीएफ के संयुक्त टीम इलाका में आतंकी के मौजूदगी के विशिष्ट जानकारी पे तलाशी अभियान शुरू कईलस। ए दौरान टीम  जसही संदिग्ध जगह पे पहुंचल, छिपल आतंकवादि कुल ओ लोग पे गोली चला देले, जवाबी कार्रवाई करत मुठभेड़ शुरू हो गईल। सुरक्षा बल 2 से 3 आतंकी के घेरले बा।

साभार- इंडिया tv

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.