Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rajouri:राजौरी में आतंकियन से मुठभेड़ में 2 जवान शहीद, एक अफसर समेत 4 जवान घायल; दुनु ओर से गोलीबारी जारी

1,098

 

राजौरी : जम्मू-कश्मीर के राजौरी में आतंकियन से भईल मुठभेड़ में दु जवान शहीद हो गईले, जबकि एक अधिकारी अवुरी 4 जवान घाही होखे के बात कहल जाता। सुरक्षा बल 2 से 3 आतंकी के घेरले बा। राजौरी जिला के बनयारी पर्वतीय इलाका के डोक में दुनो ओर से फायरिंग चलता।

 

एगो अधिकारी बतवले कि पुलिस, सेना अवुरी सीआरपीएफ के संयुक्त टीम इलाका में आतंकी के मौजूदगी के विशिष्ट जानकारी पे तलाशी अभियान शुरू कईलस। ए दौरान टीम  जसही संदिग्ध जगह पे पहुंचल, छिपल आतंकवादि कुल ओ लोग पे गोली चला देले, जवाबी कार्रवाई करत मुठभेड़ शुरू हो गईल। सुरक्षा बल 2 से 3 आतंकी के घेरले बा।

साभार- इंडिया tv

537300cookie-checkRajouri:राजौरी में आतंकियन से मुठभेड़ में 2 जवान शहीद, एक अफसर समेत 4 जवान घायल; दुनु ओर से गोलीबारी जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.